भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी एक बेर फेर जता दिहलन कि ऊ अइसहीं मेगा स्टार ना कहाले बलुक दर्शकन आ फिल्म निर्माण से जुड़ल लोग के टीम के प्यार उनका के मेगा स्टार बनवले बा. पिछला दिने भईया हमार दयावान का शूटिंग का दौरान मनोज तिवारी फिल्म का शूटिंग से जुड़ल तकनीशियन आ स्पॉट ब्वाय का साथे लाइन में लग के खाना खइलन. अपना खातिर आइल टिफिन एगो स्पॉट ब्वाय के दे दिहलन आ अपने थरिया ले के लाइन में लाग गइलन.

होला ई कि फिल्म के नायक आ नायिका खातिर अलगा से वीआईपी टिफिन आवेला जवना के ऊ लोग अपना मेकअप वैन में भा रूम में बईठ के आराम से खाला. बाकी लोग खातिर अलगा खाना लगावल जाला जवना के लोग लाइन लगा के ले ला. ओह दिन मनोज तिवारी आपन टिफिन त स्पॉट ब्वाय के दे दिहलन आ अपने थरिया ले के लाइन में खड़ा हो गइलन. उनका के ओहिजा देखते हड़कंप मच गइल. लोग समुझावे के कोशिश कइल बाकिर ऊ ना मनलन. कहलन कि ईहो लोग हमार भाईये बन्धू हऽ, एह लोग से भेदभाव कइसन? आ फेर सबका साथे बइठ के खाना कइलन. एह दुर्लभ अवसर के फोटो ओहिजा मौजूद फोटोग्राफर पन्नू दादा निकाल लिहलन. सब लोग मनोज तिवारी का साथे खाना खा के एकरा के ना भुलाये लायक घटना बतवलन.

शूटिंग का दौरान अइसनका शायद पहिले बेर भइल ओह दिन कि कवनो सुपर स्टार आम तकनीशियन खातिर बनल खइले.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

Advertisements