VirajBhattभोजपुरी सिनेमा के एक्शन स्टार विराज भट्ट के हिट परेड बॉक्स ऑफिस पर लगातार जारी बा. उनकर हर फिलिम सफलता के परचम लहरावेला. अब विराज के फिलिम आवत बा ‘तू ही तो मेरी जान है राधा’ जवना के निर्माण आ निर्देशन करत बाड़न रमाकांत प्रसाद. जानल मानल निर्माता निर्देशक रमाकांत प्रसाद आ विराज भट्ट के जोड़ी अबहीं ले दस गो फिलिम कइले बिया आ सगरी फिलिम हिट रहल बाड़ी सँ. अतना फिलिम करे वाला ई पहिलका टीम हवे भोजपुरी सिनेमा के.

रमाकांत प्रसाद आ विराज भट्ट के पहिला फिलिम रहल ‘लागल रहा ए राजा जी’. बाद में अइली सँ ‘दिवाना’, ‘दाग़’, ‘दिलजले’, ‘बारूद’, ‘जान तेरे नाम’, ‘जानवर’ जइसन आठ गो सुपर डुपर हिट फिलिम नउवीं फिलिम रहल ‘हिम्मतवाला’ आ दसवाँ होखी ‘तू ही तो मेरी जान है राधा’.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

By Editor

कुछ त कहीं...

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.