जानल मानल संगीत कम्पनी वेव म्युजिक पिछला दिने एक दर्जन बड़की भोजपुरी फिलिमन के संगीत अधिकार खरीद लिहलसि. एहमें डा. सुनील के ‘दिलेर’ अउर ‘प्रेम दिवानी’, आदि शक्ति इन्टरटेनमेंट के ‘वर्दी वाला गुंडा’, ‘इज्जत’, ‘प्यार मोहब्बत जिंदाबाद’, आ ‘राखेला शान भोजपुरिया जवान’, महेश पांडे के बनावल ‘रानी चली ससुराल’, ‘सपूत’ अउर ‘निरहुआ रिक्शावाला आई लव यू’ आ ‘लैला माल बा छैला धमाल बा’ खास बाड़ी सँ. अब एह फिलिमन के संगीत वेब म्यूजिक कंपनी जल्दिए गाँवे गाँवे चहुँपावे में लागी.
वेव म्यूजिक के मालिक कुमार गौतम के कहना ह कि उनकर कंपनी एगो योजना बना के संगीत प्रमोट करेले आ गांव-गांव में मौजूद फुटकर दुकानदारो के पूरा खयाल राखेले.
(शशिकांत सिंह)
0 Comments