smritiभोजपुरी परदा के स्टार अदाकारा स्मृति सिन्हा रामास् मूवी मेकर्स के फिलिम ‘छपरा एक्सप्रेस’ में एगो स्पेशल गाना प थिरकत लउकीहें.

निर्माता शिवनारायण बी. सिंह आ निर्देशक प्रेमांशु सिंह के एह फिलिम मं स्मृति सिन्हा एगो मदमस्त गाना प सुपरस्टार खेसारीलाल संगे ठुमकत नजर अइहें.

ई गाना क के स्मृति बहुते खुश बाड़ी. कहली कि प्रेमांशु दा उनका कैरियर के मुकाम दिहले बाड़न. जब उहांके हमरा के एह गाना ला बोलनी त हमरा से ना ना कहा पावल.

एह फिलिम के नायिका हई शुभी शर्मा. स्मृति सिन्हा पर फिलिमावल गीत के बोल ह ‘छपरा जिला के हई रंगीला’.


(प्रशांत निशांत)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: