durga-dadaबेहतरीन आ सफल फिलिमन ला जानल जाए वाली कंपनी आदि शक्ति इंटरटेनमेंट पिछला साल का तरह एहू साल एक से बढ़के एक भोजपुरी फिलिम दर्शकन का बीच ले आवे जात बा. आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के साफ मकसद ह कि बेहतरीन फिलिमन से दर्शकन के मनोरंजन कइल जाव,

एह साल आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के ‘सपूत’, ‘रानी चचल ससुराल’ समेत कुल 12 गो फिलिम फ्लोर पर बाड़ी सँ जवना में से कुछ के शूटिंग हो चुकल बा त कुछ के बाकी बा. भोजपुरी सिनेमा जगत में हमेश सबले बेसी फिलिम बनावे वाली कंपनी आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के सोझा कवनो दोसर कंपनी ना टिक पावे.

साल 2011 में ‘मर्द नम्बर वन’, ‘गुंडईराज’, ‘दिलजले’, ‘दुश्मनी’, ‘बारूद’ आ ‘पियवा बड़ा सतावेला’ समेत कुल सात गो फिलिम दिहले रहुवे आदिशक्ति आ सगरी सुपर डुपर हिट रहली सँ. साल 2012 में ‘जानवर’, ‘खुद्दार’, ‘जान तेरे नाम’ आ ‘धड़केला तोहरे नाम करेजवा’ सफलता के नया रेकार्ड बनवली सँ. आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के दुर्गा प्रसाद भोजपुरी वर्ल्ड के एकेला निर्माता आ परोसइया हउवें जिनका फिलिम मेकिंग से लिहले कैमरा के लेंस तक के जानकारी बा.

दुर्गा प्रसाद मजूमदार कहेलें कि, “हम बनारस के हईं आ हमरा भोजपुरी से प्यार बा एहीसे भोजपुरी फिलिम बनाइलें आ परोसी ले. आदि शक्ति इंटरटेनमेंट भोजपुरी सिनेमा के एगो नामी ब्रांड बन चुकल बा आ दर्शको जानेलें कि एकर फिलिम पूरा परिवार एक साथे बइठ के देख सकेला.” भोजपुरी सिनेमा में प्रयोगधर्मी मानल जाए वाली एह कंपनी के ग्राफ अउरी आगे चढ़ी ईहो तय बा.


(शशिकांत सिंह)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: