निर्माता अशोक गुप्ता आ आशा गुप्ता के बनावल भोजपुरी फिलिम “लक्ष्मण रेखा” में भारतीय संस्कृति आ भोजपुरिया संस्कार के बढ़िया से देखावत एगो पारिवारिक आ स्वस्थ मनोरंजन दिहल गइल बा. एह फिलिम के अप्रेल महीना में देखावे के योजना बा.
आशा प्रोडक्शन्स के बैनर में बनल एह फिलिम के निर्देशक मनोज गिरी, पटकथा लेखक धर्मेन्द्र नाथ ओझा, गीतकार डा॰ सागर, संगीतकार सतीश अजय, कार्यकारी निर्माता ऋषभ गुप्ता, सिनेमैटोग्राफर यश कुमार भगत, कला निर्देशक राजेश उर्फ़ पप्पू श्रीवास्तव, मार-धाड़ निर्देशक दिलीप यादव, नृत्य निर्देशक इशाक खान आ ज्ञान सिंह, संकलनकर्ता ललित तिवारी आ मिक्सिंग मैन संजय राजीव हउवें.
मुख्य कलाकार बाड़ें विनय आनंद, गुंजन पन्त, अर्चना सिंह, विनोद आनंद, अक्षत राज, माया यादव, प्रिया पाण्डेय, सुनीता सिंह, बंधू खन्ना, पंकज कुमार, राजेश तोमर, अउर एहसान खान वगैरह.
(अपना न्यूज)