चेन्नई आपदा प पीएम राहत कोष से मिलल सहायता के घोसणा से प्रभावित होके एनसीएस फिल्म्स के बैनर तर बन के तइयार भोजपुरी फिल्म ‘फँस गइले प्रेम’ के टीम फैसला कइले बाड़न कि की मार्च में रिलीज होखे वाला एह फिलिम के आधा कमाई प्रधान मंत्री राहत कोष के दे दील जाई। अतने ना, बैनर में बने वाला हर फिलिम के कमाई के चौथ राहत कोष में दे दीहल जाई।
फैसला लेबे के कारण बतावत कहले बा लोग की एह बड़हन देश में हमेशा कवनो ना कवनो आफत आवत रहेला। आ अगर सभे एह राहत कोष में हमेशा कुछ कुछ डालत रही त राहत बांटे में सरकारो के दिक्कत ना होखी। आ हमहनो के तोष रही कि एहमें हमहनो के योगदान बा।
Sahi bat maja ta tabe aawela jab wada pura kail jaw i wada aajiwan nabahal jai e desh se wada ba
याद रहे हमनियो के नजर रही एह वादा पर।स