दुर्गा प्रसाद मजूमदार आ रिंकू घोष के मिलल आउट स्टैण्डिंग कंट्रिब्यूशन ऑफ रिजनल सिनेमा अवार्ड

by | Mar 18, 2013 | 0 comments

durga-dadaदेश के प्रतिष्ठित मीडिया हाउस एबीपी मीडिया समूह पिछला दिने रिजनल सिनेमा में शानदार योगदान खातिर फिलिम निर्माता आ वितरक दुर्गा प्रसाद मजूमदार के आ भोजपुरी सिनेमा के माथ अदाकारा रिंकू घोष के ‘आउट स्टैण्डिंग कंट्रीब्यूशन ऑफ रिजनल सिनेमा सम्मान’ से सम्मानित कइलस. भोजपुरी सिनेमा में ई पुरस्कार पावे वालन में दुर्गा प्रसाद मजूमदार आ रिंकू घोष पहिला शख़्सियत ह लोग.

नई दिल्ली के इंडिया हैवीवेट सेंटर में आयोजित एगो भव्य समारोह में इलाकाई सिनेमा के बढ़न्ती पर एगो डिबेटो राखल रहे जवना में राष्ट्रीय पुरस्कार विजेता फिल्म निर्देशक जानू बरुआ, अनिरुद्ध रॉय चौधरी आ एबीपी के गुरुबीर सिंह के अलावा भोजपुरी सिनेमा के प्रतिनिधित्व करत दुर्गा प्रसाद मजूमदार आ रिंकू घोष मौजूद रहल लोग. एबीपी मीडिया समूह के एबीपी न्यूज, टेलीग्राफ अउर आनन्द बाजार पत्रिका के वरिष्ठ अधिकारीओ एह मौका पर हाजिर रहलें.

एह चर्चा में दुर्गा प्रसाद मजूमदार भोजपुरी सिनेमा के दिनों दिन होखत प्रगति के संतोषजनक बतवलें त अभिनेत्री रिंकू घोष कहली कि भोजपुरी सिनेमा आजु मनोरंजन जगत में मील के पत्थर साबित होखत बा. दुर्गा प्रसाद मजूमदार सभकर ताली बिटोरत कहलन कि रिजनल सिनेमा के रिजनल ना बोल के लैंग्वेज सिनेमा बोले के चाहीं, कहलन कि दुख के बात बा कि भारत में रिजनल सिनेमा के सरकार प्रमोट ना करँ सँ ना त इहो फिलिम ऑस्कर अवार्ड लेके अइती सँ. अपना 20 मिनट के संबोधन में फिल्मकार दुर्गा प्रसाद कहलन कि रिजनल सिनेमा के कैनवास
छोट भले होखे बाकिर ई हिन्दी सिनेमा से कमतर नइखे.

रिंकू घोष के कहना रहे कि जवना भोजपुरी फिलिमन के औरत पसंद कइली सँ ऊ हिट हो गइली सँ. सिनेमा भोजपुरी आजु अपने बल पर एह मुकाम ले चहुँपल बा. सरकार एकर कवनो मदद ना करे. रिंकू घोष कहली कि आजु सिनेमा भोजपुरी के नजरिया बदलत बा आ अब फिलिम बनावे वाला फ्रंट वेंचर के धेयान में राखत फिलिम बनावत बाड़ें.


(शशिकांत सिहं)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up