पिछला दिने मुनुजी फिल्म्स अपना दू गो फिलिमन के मुहुर्त उदित नारायण के रेकार्डिंग स्टूडियो में कइलसि. अबहीं एह फिलिमन के नाम नइखे तय आ प्रोडक्शन नं.1 आ प्रोडक्शन नं. 2 से जानल जात बा.
मुहुर्त का मौका प निर्माता सुरेश कुमार बतवले कि दुनु फिलिम पारिवारिक माहौल पर बनी. निर्देशक रहीहें संजय सिन्हा. संगीतकार अमन श्लोक का निर्देशन में आ उदित नारायण के आवाज़ में मुहूर्त गीत रिकार्ड भइल. दुनु फिलिमन मे आउ आठ गो गाना रही जवना में तीन गो आइटम सांग रहीहें सँ.
फिलिम के लेखक जीतेन्द्र सुमन, आ छायाकार सानू सिन्हा हउवे.
कलाकारन के नाम फाइनल करे के काम चलत बा. दुनु फिलिम जल्दिए सेट प जइहें सँ.
मुहुर्त का मौका प धीरज चौरसिया, सुधीर संकल्प, राम सुजान सिंह, गिरीश शर्मा, प्रवीन धमनस्कर, माइकल, रानी, बसंत जी, संतोष कुमार, जीत कुमार, निशांत रंजन एवं पूनम तिवारी वगैरह मौजूद रहले.
(समरजीत)