राजा जी आई लव यु के शूटिंग शुरू हो गइल

by | May 31, 2013 | 0 comments

Rajaji_ILUतन्वी मल्टीमिडिया के भोजपुरी फिलिम “राजा जी आई लव यु” के शूटिंग पिछला दिने सिलवासा में शुरू हो गइल. निर्माता दीपक शाह के ई दुसरकी फिलिम ह. दीपक शाह के पहिलका फिलिम “दिलदार सावरिया” जल्दिए रिलीज़ होखे वाली बा. “दिलदार सावरिया” के चर्चित जोड़ी यश आ अंजना एहु फिलिम में मुख्य भूमिका में बाड़े आ साथे बाड़ें कुणाल सिंह, बृजेश त्रिपाठी, मनोज टाइगर, संजय पांडे, आनंद मोहन, प्रिया पांडे, पुष्पा वर्मा, अयाज़ खान आ एगो विशेष भूमिका में आइल पाखी हेगड़े.

“राजा जी आई लव यु” फिल्म के गीतकार संगीतकार आ निर्देशक विनय बिहारी के बतौर निर्देशक ई दुसरकी फिलिम होखी. कहानी लिखले बाड़न एस.के.चौहान.

सिलवासा में शूटिंग से पहिले निर्माता दीपक शाह वैदिक रीति रिवाज से पूजा अर्चना कइले आ ओकरा बाद एह फिलिम के पहिलका गाना यश आ अंजना पर फिलिमावल गइल. नृत्य निर्देशन कइलें पप्पू खन्ना. निर्देशक विनय बिहारी बतवलें कि ई पारिवारिक आ हास्य रोमांस से भरल फिलिम होखी जवना में मनोरंजन के सगरी मसाला मौजूद रही. निर्माता दीपक शाह के योजना एकरा के नवरात्रि पर रिलीज़ करे के.

भोजपुरी के नइकी रोमांटिक जोड़ी यश आ अंजना के उमेद बा कि इहो फिलिम दिलदार सांवरिया जइसन सिनेमा भोजपुरी में चरचा के विषय बनी. .


(उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up