हिंदी में अनेके बड़ आ हिट फिलिम बना चुकल निर्माता विमल कुमार पिछला दिने हीमैन धर्मेन्द्र के उनका शादी के सालगिरह पर बधाई दिहलें. पिछला बुध का दिने विमल कुमार उनका घरे जा के उनका के बधाई दिहलें.
जाने जोग इहो बा कि विमल कुमार हाल ही में सिनेमा भोजपुरी में डेग धइले बाड़े. उनकर फिलिम “देस परदेस” में धर्मेन्द्र एगो खास भूमिका में बाड़ें. फिलिम के शूटिंग पूरा हो गइल बा जल्दिए रिलीज होखी. बहरहाल धर्मेन्द्र के भोजपुरी बोलत देखे ला भोजपुरी फिलिम के दर्शकन में खासा उत्साह बा.
(उदय भगत)
0 Comments