भोजपुरी के सुपरस्टारनी रानी चटर्जी के जलवा सगरी बिहार में देखे के मिलत बा जहाँ रानी चटर्जी के हालिया रिलीझ फिलिम ‘शेरनी’ पूरा दमखम से शानदार व्यवसाय करत बिया . एह फिलिम के प्रमोशन ला जब रानी चटर्जी सिनेमाघरन में पहुँचली त उनुका के देखे ला दर्शकन के हुजुम उमड़ पड़ल. सगरो उनकर शानदार स्वागत भइल.
नारी प्रधान आ एक्शन फिलिम कइला का चलते औरतन आ नवहियन के पसंदीदा रानी चटर्जी के ‘शेरनी’’ कई शहर में तीसरका हफ्ता में आ गइल बिया आ बाजार के नब्ज थामे वाला लोग बतावत बा कि दोसरा बड़का नायकन के हालिया रिलीज फिलिमन से बढ़िया बिजनेस एह फिलिम “शेरनी” के रहल बा.
(प्रशांत निशांत)
0 Comments