1 मार्च से ‘राखेला शान भोजपुरिया जवान’

Pawan-RakhelaShaanसिनेमा भोजपुरी के अगिला पाँत के निर्माण कंपनी मिथिला टॉकिज के बहुचर्चित फिलिम ‘राखेला शान भोजपुरिया जवान’ बिहार झारखंड आ मुम्बई के सिनेमाघरन में 1 मार्च से धमाल मचावे आवे का तइयारी में बा. मनोज चौधरी के बनावल एह फिलिम में पवन सिंह एगो एस..पी. के दमदार भूमिका में बाड़न आ वइसने दमदार संवाद अदायगी आ शानदार एक्शन स्टंटस करत नजर अइहें. पवन सिंह के साथे रहीहें प्रतिभा पाण्डेय, मनोज टाईगर, मनीष चतुर्वेदी, सुबोध सेठ, गौरी शंकर, शिल्पी शुक्ला, दीलिप सिन्हा आ ब्रजेश त्रिपाठी वगैरह.

एह फिलिम में सीमा सिंह पर एगो दिलकश आईटम गीत फिल्मावल गइल बा. निर्देशक राजू. गीतकार विनय बिहारी आ संगीतकार खुद पवन सिंह बाड़ें. निर्माता मनोज चौधरी के कहना बा कक ई फिलिम हर समाज के दर्शक पसंद करीहें.


(प्रशांत निशांत)

Comments 1

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *