एक बेर फेर सजी गीत गवनई के मंच, आपन कला देखइहें बिहार, यू॰पी॰ आ झारखण्ड के सुरवीर. ई शो देखल जाई 3 फरवरी से ‘महुआ टी॰वी॰’ पर. ‘सुर संग्राम’ के दू गो शानदार सीजन का बाद महुआ टी॰वी॰ ले के आइल बा ‘सुरो का महासंग्राम’ आ फेर देश के उभरत गवनिहारन का बीच एगो जंग मची. देश के 5 राज्यन में कुल एक दर्जन शहरन में करावल आडिशन में करीब 50 हजार प्रतिभागी शामिल भइल रहले. ओही में से चुनल 36 गायकन के फौज उतरी ‘सुरो का महासंग्राम’ में.
भोजपुरी सभ्यता आ संस्कृति से जुड़ल गीत-गवनई का साथही पोपुलर फिल्मी गीतन आ पारंपरिक लोक गीतन के सुने के मौका मिले जात बा दर्शकन के. पहिला दू दिन, 3 आ 4 फरवरी के दर्जन भर शहरन में करावल आडिशन के झलकी देखावल जाई. एह शो के एंकर बनावल गइल बाड़े मनोज तिवारी मृदुल जे मंच पर भगवान कृष्ण का भूमिका में होखीहें आ तीनो राज्यन के प्रतिभागियन के जंग सम्हारे के काम करीहें.
बतौर जज रहीहे मशहुर लोक गायिका कल्पना आ भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार अभिनेत्री ‘नंदिया के पार’ के गुंजा साधना सिंह. शो के निर्माण मशहूर फिल्म निर्माता अभय सिन्हा के कंपनी यशी फिल्म्स कइले बिया.
‘सुरों के महासंग्राम’ शो के समय रही हर शुक आ शनिचर के रात आठ बजे से.
(महुआ टीवी के पीआरओ प्रशांत निशांत के रपट)
YASHI FILMS AUR MAHUAA TV KE BAHUT DHANYAVAD.
AUR ANJORIYA KE BAHUT BAHUT DHANYAVAD E BATAWE KHATIR KI ABKI SADHANA SINGH (GUNJA) BHI JUGDE KE KURSI PAR RAHIYAN.