भोजपुरी के पहिलका टीवी चैनल महुआ पर देखावल जा रहल धारावाहिक शो सेन्हुर में छोटका परदा के दू गो मशहूर चेहरा के आगम हो चुकल बा. ई दुनु नाम ह गजेन्द्र चौहान आ उपासना सिंह के. एह धारावाहिक में गजेन्द्र चौहान के आगम दादा ठाकुर का रुप में भइल बा जे अपना परिवार आ बाल बच्चन के सुरक्षा खातिर तंत्र साधना का शरण में चल जात बा. गजेन्द्र चौहान के किरदार बहुते मजगर आ भावना से भरल बा. उपासना सिहं एगो तांत्रिक का भूमिका में बाड़ी जेकर नाम ह अग्नि. उनकरो किरदार बड़ा रुचिगर बनल बा.
एह दूनु आगम से सेन्हुर के मुख्य पात्र प्रिया के जिनिगी के धारा बदल चुकल बा. मनीष जैन का निर्देशन में बनत एह धारावाहिक के हर हफ्ता सोमार से बियफे ले रात आठ बजे से देखल जा सकेला.
(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)
266 total views, 2 views today