अब यू ट्यूब पर सुगना के ट्रेलर

by | Sep 22, 2011

भोजपुरी फिल्म निर्माता अब पुरनका तरीका छोड़ नया नया तरीका आजमावल शुरु कर दिहले बाड़न. एही कड़ी में निर्माता निर्देशक अजय ओझा अपना फिल्म “सुगना” के ट्रेलर यू ट्यूब पर जारी कइले बाड़न जहवाँ ओकरा के खूब देखल जा रहल बा. अजय ओझा एह से पहिले हिन्दी फिल्म “सुबह होने तक” आ हम आपके हैं सनम” बना चुकल बाड़न आ “सुगना” उनुकर पहिलका भोजपुरी फिल्म हउवे.
एह पारिवारिक एक्शन फिल्म के मुख्य नायक आदित्य ओझा आ राजीव दिनकर बाड़े आ नायिका बाड़ी कल्पना शाह आ काजल राघवानी. हिंदी सिनेमा के जानल मानल चेहरा प्रमोद माउथो एकर खलनायक बाड़े. फिल्म के गीत पुरनका फिल्म “नदिया के पार” का तरह मधुर आ दिल के छु लेबे वाली बाड़ी सँ.
ब्राउन आई इंटरटेनमेंट का बैनर में बनल एह फिल्म के शूटिंग खास कर के छपरा में, आ मुंबई में, करावल गइल बा. एहमें सीमा सिंह के एगो लाजवाब आयटमो नंबर बावे जवना अबहिये से सभका के झमकवले बा.


(स्रोत : शशिकांत सिंह)

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up