कांस फिल्म फेस्टिबल में भोजपुरी फिलिम संयोग

by | May 18, 2024 | 0 comments

(संयोग के ट्रेलर आ पोस्टर रिलीज करत अभिनेता राजपाल यादव)


मशहूर फिल्म निर्मातो अभय सिन्हा के आवे वाली फिलिम संयोग अब कांस फिल्म फेस्टिबल में देखावल जाई.

यशी फिल्म्स का बैनर तर अभय सिन्हा के प्रस्तुत कइल पारिवारिक कहानी पर आधारित पिलिम संयोग में भोजपुरी सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ आ आम्रपाली दुबे मुख्य किरदार निभवले बाड़न.

दुनिया के अनेक भाषा के फिलिम अंतर्राष्ट्रीय फिलिम समारोहन में देखावल जाली सँ आ खुशी के बात बा कि अबकी भोजपुरिओ फिलिम के संजोग बन गइल आ संयोग के शामिल कर लीहल गइल.

एह मौका पर फिलिम संयोग के ट्रेलर आ पोस्टर बॉलीवुड अभिनेता राजपाल यादव रिलीज कइलन.

निर्माता अभय सिन्हा के कहना बा कि सात समुन्दर पार के एह कहानी के मिजाज पूरा तरह से भोजपुरी समाज से जुड़ल बा. उनुकर कहना बा कि एह फिलिम के कलात्मक प्रस्तुति को वजह से अंतरराष्ट्रीय फ़िल्म महोत्सव में प्रदर्शित होखे जोग मानल गइल एकरा के.

संयोग फिलिम के निर्देशल अनंजय रघुराज कइले बाड़न. फिलिम का किरदार निभावे में मुख्य अभिनेता दिनेश लाल यादव आ मुख्य अभिनेत्री आम्रपाली दुबे के साथे खास कलाकारन में संजय पांडे, अनीता रावत, संजीव मिश्रा, सूर्या द्विवेदी, जे.नीलम, आ संतोष पहलवान के नाम शामिल बा.

फिलिम के पटकथा अरबिन्द तिवारी के लिखल ह. डीओपी वासु रहलें. संगीतकार साजन मिश्रा आ शुभम तिवारी गीतकार अरबिन्द तिवारी, आशुतोष तिवारी, शेखर, आ मधुर के लिखल गीतन के संगीत से सजवले बाड़न. कोरियोग्राफी एम. ​​के. गुप्ता (जॉय) के हवे.

– रंजन सिन्हा

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up