केजरीवाल के चाल आ अदालत के फैसला

by | Apr 3, 2024 | 0 comments


मान लीं कि कवनो चोर रउरा घर में चोरी कर लेत बा. एकर प्रमाण रउरा मिल जात बा सीसीटीवी से. बाकिर जब पुलिस ओकरा के गिरफ्तार करे चहुँपत बिया त चोर कहत बा कि जबले हमरा घर में चोरी वाला रुपिया नइखे मिलत तबले रउरा हमरा के गिरफ्तार ना कर सकीं. दोसरे हमरा अगिला चुनावो लड़े के बा. हमरा के हमरा लोकतांत्रिक अधिकार से वंचित ना कइल जा सके.

का कहब रउरा एह सफाई पर ?

आ.आ.पा. के इहे दावा बा कि ओकरा कवनो नेता का घर से शराब घोटाला वाला रुपिया के बरामदी नइखे भइल एहसे एह बारे में हो रहल सगरी कार्रवाई असंगत बा. दोसरे ओकरा अगिला लोकसभा चुनावो लड़े के बा आ चुनाव का दौरान सभका बराबरी के मौका मिलो ई जरुरी बावे.

गनीमत अतने बा कि अबहीं ले ओकर कवनो प्रतिनिधिमण्डल चुनाव आयोग का लगे नइखे चहुँपल कि चुनाव का दौरान कुल पड़ल वोट के हर उम्मीदवार का बीच बराबर बाँटल जाव ! आ अगर अइसनका कइल संभव ना होखे त अल्पसंख्यकन के अधिकारन के रक्षा करत सबले कम वोट पावे वाला के विजयी घोषित कइल जाव.

रउरा कहब कि का वाहियात तर्क दे रहल बानी हम ! मानत बानी बाकिर इहे बात केहू आ.आ.पा. वालन से काहें नइखे कहत ? मान लेत बानी कि मीडिया के एगो बड़हन वर्ग आ.आ.पा. के दीहल नमक रोटी खइले बा आ ओकरा अपना नमक के प्रतिदान करे के बा. बाकिर बाकी लोग काहे चुप्पी सधले बा ? आ अदालत काहे नइखे साफ बतियावत ? अदालत के आदेश लिखे में समय लागत बा.

केजरीवाल के चाल आ अदालत के फैसला का बारे में कवनो अनुमान ना लगावल जा सके ! एहसे काल्हु ले तिकवे पड़ी कि अदालत के फैसला का आवत बा केजरीवाल के जमानत के अर्जी पर.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up