केजरी कथा में गजब के बात

by | May 20, 2024 | 0 comments

एने कुछ दिन से देश के राजनीति के केन्द्र बन गइल बाड़न शराब घोटाला के आरोपी अरविन्द केजरीवाल आ उनुको ला भारी बन गइल बा स्वाति मालीवाल के पिटाई के खबर.

जइसे पियाज के हर छिलका का बाद एगो नया छिलका सोझा आवत जाला वइसहीं एह केजरीकथा के हर अध्याय में कुछ ना कुछ अइसन खबर आ जात बा कि जनता के मनरंजन होखे लागत बा. आ केजरी के पता ना जायज भा नाजायज रहल गिरफ्तारी के फैसला कइला बिना उनुका के जमानत दे देबेवाला जजनो के जोड़ी खबर में बनल रहत बा.

एक दिन खबर आइल कि केजरीवाल के पसन्दीदा आआपा कार्यकर्ता रहला का चलते दिल्ली महिला आयोग के अध्यक्ष आ बाद में राज्यसभा सांसद बनावल गइल स्वाति मालीवाल के कुटाई-पिटाई हो गइल केजरीवाले का घर में. आरोपी बनावल गइल केजरीवाल के निजी सचिव का पद से बरखास्त हो चुकल, एह मामिला में ना एगो दोसरा अपराध का मामिला में, बिभव कुमार के. मामिला ढेर ना बिगड़े एह चलते एगो दोसर राज्यसभा सांसद संजय सिंह से कहवा दीहल गइल कि स्वाति के पिटाई करेवाला विभव कुमार का खिलाफ कार्रवाई कइल जाई. कुछ लोग सोचल कि अरविन्द विभव का खिलाफ कुछ करिहें बाकिर ऊ त विभव के ले के लखनऊ चहुँप गइलन अखिलेश का साथे प्रेस वार्ता करे. आ एहिजे से मामिला बिगड़ल शुरु हो गइल. स्वाति ओकरा बाद पुलिस में बाकायदा आपन शिकायत दर्ज करवा दिहली आ पुलिसो बिना समय गँववले उनुकर बयान मजिस्ट्रेटो का सोझा दर्ज करवा दिहलसि. एकरा बाद साँसत में आ गइल विभव कुमारो स्वाति का खिलाफ मुकदमा दर्ज करवा दिहलन बाकिर तबले चिड़िया त खेत चुग चुकल रहुवे.

अफरा-तफरी में आ चुकल आआपा एकरा बाद स्वाति मामिला के एगो नये तरीका से परोसे खातिर तरह तरह के वीडियो जारी करे लागल. स्वाति कहली कि वीडियो में काट-छाँट क के देखावल जात बा. अगर हिम्मत होखे त पूरा वीडियो पेश करे आआपा. आ इहो कहली कि अबले सीसीटीवी के रिकर्डिंंग मिटा दीहल गइल होखी. काल्हु जब केजरीवाल अपना दर्जनो लगुआ-भगुअन का साथे भाजपा कार्यालय पर प्रदर्शन करे निकललन त ओही दौरान पुलिस उनुका शीशमहल चहुँप गइल आ ओहिजा से सीसीटीवी के डीवीआर जब्त कर लिहलसि. खबर पवते केजरी हदासे घरे भगलन.

अब जब देखल जात बा कि ओह रिकार्डिंग में केजरीवाल के बइठका के कवनो वीडियो हइले नइखे. एह बाबत सफाई देत आआपा का कहना बा कि केजरीवाल का बइठका में सीसीटीवी कैमरा लगावले नइखे गइल. हँ उनुका बेडरुम में कैमरा जरुरे लगावल गइल बा.

आ आजु के केजरीकथा एही बात पर सुनावल जा रहल बा. सोचे के बात बा कि कवना सोच का चलते बइठका में त कैमरा नइखे लगावल बाकिर बेडरुम में जरुर लगा के राखल बा. सोचीं कि का रउरा अइसन करब अपना घर में ? बाकिर देश के राजनीति बदल चुकल केजरीवाल के हर बात का पाछे कुछ ना कुछ खास होला. हो सकेला कि बेडरुम में लगावल कैमरा के रिकार्डिंग कुछ लोगन के भयादोहन खातिर कइल जात होखे. खास कर के ओह कार्यकर्तन के जिनकर चहुँप बेडरुम तकले के होखे. भा हो सकेला कि बेडरुम में राखल मालपत्ता के निगरानी करे खातिर लगावल गइल होखे. भा इहो त हो सकेला कि दुनु बेकत एक दोसरा का ऊपर निगाह बनावे राखे का नियत से अइसन करवले होखिहें.

आ अबहीं कहानी आखिरी अध्याय ले नइखे चहुँपल. बइठल रहीं अबहीं बहुत कुछ देखे-सुने के मिले वाला बा. तब ले एह बात पर सोचत रहीं कि आखिर बइठका में कैमरा ना लगावे वाला आदमी अपना बेडरुम में कैमरा लगवा के काहे रखले बा ?

दिल्ली पुलिस एकरो जाँच में लागल बिया कि बिभव एह वारदात का बाद आपन मोबाईल काहे फार्मेट करवा दीहलन !

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up