चंद्रबाबू जतवलें भाजपा नेता लोगन से आपन नाराजगी

by | Mar 7, 2018 | 0 comments


अमरावती 06 मार्च (वार्ता). आंध्र प्रदेश के मुख्यमंत्री एन चन्द्र बाबू नायडू एह बाति पर नाराज हो गइल बाड़ें कि आंध्र प्रदेश पुनर्गठन अधिनिमय 2014 के प्रावधानन के पूरा करे बदे निशेष राज्य के दर्जा देबे में केन्दमर के आनाकानी पर राज्य विधानसभा में भाजपा नेता बेकार के दलील देत बाड़ें. कहलन कि चूंकि तेलुगू देशम पार्टी केन्द्र में राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन सरकार के सहयोगी बिया, एहसे अपना के रोकत बाड़ें. ना त इृअउरी पुरहर विरोध करतें.

चन्द्र बाबू कहलें कि प्रदेश भाजपा नेता लोग के दिल्ली जा के अपना केन्द्रीय नेता लोग से बाति करे के चाहीं.

इहो कहलन कि बहुते संयम का साथ ऊ अबले एह मामिला में 29 बार दिल्ली जा चुकल बाड़ें. चन्द्र बाबू के कहना बा कि ऊ एह मुद्दन पर चरचा करे ला अपना गोल के प्रतिनिधिमंडल केन्द्रीय वित्त मंत्री अरुण जेटली किहां भेजले रहलन. बाकिर ओहसे कुछ खास निकल के सामने नइखे आइल.

मुख्यमंत्री साफ कहलन कि ऊ राज्य का हित से समझौता ना करीहें. उनुकर कहना रहल कि तेदेपा आ भाजपा के एक दोसरा के आलोचना ना करे के चाहीं आ सभहीं के कोशिश करे के चाहीं कि आंध्र के केन्द्र से उचित लाभ मिले.

मुख्यमंत्री सदन में बतवलें कि – आंध्र प्रदेश के विशेष श्रेणी के राज्य के दर्जा तेलुगू लोग के भावना से जुड़ गइल बा आ अइसन ना होखले से ओह लोग के पीड़ा हो रहल बा. योद करवलन कि कांग्रेस जनता के भावना नजरअंदाज कइलसि, राज्य के बँटवारा करा दिहलसि आ एही से ओकरा हारे के पड़ल. कहलन कि ऊ त विशेष राज्य का बदले विशेष पैकेजो पर सहमत हो गइलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up