जनमत के धड़कन जाने वाला रामविलास पासवान के निधन

by | Oct 9, 2020 | 0 comments

पचासो से अधिका साल राजनीति में धुरंधर रहल आ छह गो प्रधानमंत्रियन के सरकार में मंत्री रहल रामविलास पासवान के काल्हु बियफे का दिने हृदय रोग से निधन हो गइल. अबहीं पिछला शनिचर के उनुका हृदय पर शल्यक्रिया कइल गइल रहुवे बाकिर ऊ एह बीमारी से छुटकारा ना पा सकलें.

अपना पापा के मौत के जानकारी देत उनुकर बेटा आ लोजपा के अध्यक्ष चिराग पासवान ट्वीट पर लिखलें कि – पापा अब आप इस दुनिया में नहीं हैं, लेकिन मुझे पता है, आप जहां भी हैं, हमेशा मेरे साथ हैं.

एम ए, एल एल बी रामविलास पासवान के जनम 5 जुलाई 1946 का दिने खगड़िया जिला में अलौली के शहरबन्नी गांव में भइल रहुवे. कोसी कॉलेज खगड़िया आ पटना विश्वविद्यालय से पढ़ाई कइलन आ एही दौरान छात्र राजनीति मे शामिल हो गइलें. जेपी आन्दोलन में सक्रिय रहल रामविलास के आपातकाल का दौरान गिरफ्तार क लीहल गइल रहुवे. बाद में ऊ जनता पार्टी सदमे शामिल हो गइलें आ 1977 मे भइल चुनाव में हाजीपुर से सांसद बन गइलें. एकरा बाद ऊ कबहीं पीछे मुड़ के ना देखलें. जनमत पर उनुकर पकड़ अइसन रहुवे कि लालू प्रसाद उनुका के मौसम विज्ञानी के नाम दे दिहलें. जब चुनाव का बेरा ऊ पलटी मार के दोसरा तरफ जासु त ओह तरफ के जीत हो जाव. एही खासियत का चलते ऊ करीब करीब हर दल का सरकार में लगातार शामिल रहत अइलन. इहां ले कि कांग्रेसी गठबन्धनो का सरकार में ऊ मंत्री बनत रहलें.

अब एह साल होखे जा रहल बिहार विधानसभा में उनुकर मत जानल ना जा सकल. हालांकि कुछ दिन पहिले ऊ कहले रहलें कि चिराग के हर फैसला से ऊ एकमत बाड़ें जब चिराग पासवान बिहार में नीतीश कुमार के खुला विरोध के एलान कइलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up