जीएसएलवी-एफ08 रॉकेट के सफल प्रक्षेपण

by | Mar 29, 2018 | 0 comments


चेन्नई 29 मार्च (वार्ता). भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन (इसरो) आजु तमिलनाडु के श्रीहरिकोटा अंतरिक्ष केंद्र से 2140 किलोग्राम वजन वाला एस बैंड संचार उपग्रह जीसैट-6ए लेके जात जीएसएलवी -एफ08 रॉकेट के सफल प्रक्षेपण कइलसि.
49.1 मीटर लमहर आ 415.6 टन वजन के ई रॉकेट 27 घंटा के उल्टी गिनती का बाद 1656 बजे सफलतापूर्वक उड़ान भरलसि. रॉकेट के चेन्नई से लगभग 80 किलोमीटर दूर श्रीहरिकोटा अंतरिक्ष केंद्र के दुसरका लांच पैड से छोड़ल गइल.
ई जीएसएलवी के 12वीं आ स्वदेशी क्रायोजेनिक इंजन साथे छठवीं उड़ान रहुवे. उड़ान भरला का 17 मिनट 46.5 सेकंड बाद ओकरा साथे गइल उपग्रह अलग हो जाई आ 36 हजार किलोमीटर के ऊंचाई पर भूस्थैतिक कक्षा में स्थापित हो जाई.
ई उपग्रह हाई पावर एस-बैंड संचार उपग्रह हवे, जवन अपना श्रेणी में दुसरका ह. भारत एहसे पहिले जीसैट-6 लांच कर चुकल बा. आजु भेजल उपग्रह, अगस्‍त 2015 से धरती के कक्षा में चक्‍कर लगावत जीसैट-6 के मदद ला भेजल गइल बा. एकरा में बेंवतगर संचार पैनल आ उपकरण लगावल गइल बा. एह उपग्रह में लगावल छह मीटर के कॉम्‍पैक्‍ट एंटीना धरती पर कतहिंओ से उपग्रह कॉलिंग के आसान बना दी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up