टटका खबर, अतवार, वैशाख अन्हरिया त्रयोदशी, 2078 विक्रमी

by | May 9, 2021 | 0 comments

काल्हु केन्द्रीय गृहमंत्री डॉ हर्षवर्धन देश में कोरोना के हालात बतावत कहलन कि देश के 180 जिलन में पिछला सात दिन से कोरोना के एकहू नया मरीज नइखे मिलल.

काल्हु भाजपा के केन्द्रीय नेतृत्व असम के नयका मुख्यमंत्री तय करे खातिर जम के चरचा कइलसि. जान जाईं कि असम के पिछलका चुनाव में भाजपा पहिलहीं बता दिहले रहुवे कि ओकर मुख्यमंत्री सर्बानंद सोनोवाल बनीहें. बाकिर अबकी का चुनाव का पहिले भाजपा कहले रहुवे कि मुख्यमंत्री के फैसला चुनाव का बाद लीहल जाई. काल्हु शनिचर का दिने सर्बानंद सोनोवाल आ हिमंत बिस्व सरमा के दिल्ली बोलावल गइल रहे जहाँ ई लोग भाजपा अध्यक्ष जे पी नड्डा, केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह, आ भाजपा के संगठन महासतिव बीएल संतोष से भेंट कइल. अबकी का चुनाव में मुस्लिम अतिवादी से गठजोड़ का बावजूद कांग्रेस हार गइल आ 126 सदस्य वाली असम विधानसभा में 60 सीट पर भाजपा आ पन्द्रह सीट पर ओकर सहजोगी (असम गण परिषद 9 आ यूनाइटेड पीपुल्स पार्टी लिबरल 8) जीतल बाड़ें.
वइसे आम राय इहे लागत बा कि सोनावाल के केन्द्र में बोला लीहल जाई आ असम के मुख्यमंत्री हिमन्त बिस्व सरमा के बना दीहल जाई. जाने जोग इहो बा कि असमे ना, पूर्वात्तर के दोसरो राज्यन में हिमन्त बिस्व सरमा के सांगठनिक क्षमता के आ रणनीति के बड़ाई होखेला. चुनाव का पहिलहीं असम से मदरसन के मिले वाला सरकारी अनुदान बंद कर दीहल गइल रहे आ चुनाव बाद देखल गइल कि भाजपा के अल्पसंख्यक सेल में शामिल लोग के इलाका में ओतनो वोट ना मिलल जतना ई लोग कमिटी में रहुवे त अल्पसंख्यक ईकाइए के भंग कर दीहल गइल बा. भाजपा एह बाति के माने भा मत माने बाकिर हर जगह देखल गइल बा कि मुस्लिम तबका भाजपा का खिलाफ जीते वाला के वोट करेला. जबकि हिन्दुवन में कबो अइसन एकजुटता देखे के ना मिले.

एगो बड़हन राजनीतिक चाल चलत अमेरिका विश्व स्वास्थ्य संगठन से कहले बा कि ऊ अपना सालाना बइठक में ताइवान के बतौर पर्यवेक्षक शामिल करे. एह बाति पर चीन के लहरल तय बा. जाने जोग बा कि विस्वास के 74 वां सालाना बइठक जिनेवा में 24 मई से शुरु होखे जा रहल बा.

भारत के महिला पहलवान सीमा बिस्ला के टोकियो ओलम्पिक में शामिल होखे के मौका मिल गइल जब ऊ बुल्गारिया में भइल क्वालिफायर का फाइनल में जीत गइली. टोकियो ओलम्पिक में भारत के अब आठ गो पहलवान शामिल होखीहें. एह में पुरुष वर्ग में रवि कुमार दहिया, सुमित मलिक, बजरंग पुनिया, आ दीपक पुनिया का साथे महिला वर्ग में विनेश फोगाट, अंशु मलिक, आ सोनम मलिक का साथे अब सीमा बिस्ला के नामो जुड़ गइल बा.

आयकर विभाग देश के कई निजी अस्पतालन पर आपन नजर गड़वले बा काहें कि एह लोग का बारे में ओकरा लगे जानकारी मिलत बा कि कई एक अस्पताल कोरोना मरीजन से बेतहाशा वसूली करे में लागल बाड़ें आ कई बेर एह लोग से नकदी में फीस लीहल जा रहल बा. बाकिर मरीजन के कवनो परेशानी ना झेले के पड़े ई सोचत अब अस्पताल के इहो अनुमति दे दिहले बावे कि ऊ लोग 31 मई ले दू लाख रुपिया ले नकद ले सकी. बाकिर मरीज आ अस्पताल दुनु के पैन नम्बर एह भुगतान पर दर्ज करे के पड़ी. कई अस्पताल आनलाईन भा चेक पेमेंट नइखन सकारत. कई बेर त इहो होखत बा कि बीमा रहला का बावजूद मरीजन से नकद अगवाह जमा करे खातिर मजबूर कइल जा रहल बा.

एगो मामिला में मद्रास हाई कोर्ट के कहना बा कि देश खातिर ई हानिकारक बा कि कुछ मजहबी लोग अपना इलाका में दोसरा मजहब के मजहबी गतिविधि नइखे होखे देत. तमिलनाडु के पेरम्बलुर जिला में मन्दिरन के धार्मिक यात्रा के मुस्लिम बहुल इलाकन से नइखे निकले दीहल जात जबकि साल 2012 ले ई सगरी यात्री बेरोकटोक निकलत रहली सँ. बाकिर अब मुस्लिमन के बहुतायत भइला का बाद बखेड़ा खड़ा कइल जा रहल बा. सोचीं कि अगर एही तरह हिन्दू आबादी तय कर ले कि ओकरा इलाका से मुस्लिमन के कवनो जुलुस ना निकले दीहल जाई त कतना बवाल हो जाई.

सारण जिला के शहर इलाका में भेल्दी के सिरसा बल्ली गाँव के एगो आदमी के मौत बन रहल फोरलेन रेलवे ओवरब्रिज पर सड़क हादसा में हो गइल. धक्का मारे वाला बाहन भाग निकलल आ ओकरा बारे में कवनो जानकारी नइखे मिलल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up