टटका खबर, बियफे, सावन अँजोरिया चउथ, 2078 विक्रमी

by | Aug 12, 2021 | 0 comments

सुप्रीम कोर्ट के वकील अश्विनी उपाध्याय, जे संजोग से भाजपो के नेता हउवें, के काल्हु दिल्ली के अदालत से जमानत मिल गइल. दिल्ली पुलिस के वकील कवनो सबूत ना पेश कर सकलें उनुका खिलाफ. जान जाईं कि मौलाना साद, अमानुल्लाह खान, जामा मस्जिद के इमाम, किसान आन्दोलन का टेंट में बलात्कारियन के, आ शाहीन बाग में हिन्दुवन के कब्र खोदे के नारा लगावे वालन का खिलाफ चुप्पी सधले दिल्ली पुलिस के बर्दाश्त ना भइल कि केहू जमात का खिलाफ नारा लगावे. नारा लगावे का बेरा अश्विनी ओहिजा रहबो ना कइलन आ उनुका हटला के बहुत देर बाद ऊ नारेबाजी भइल रहुवे जवना खातिर अश्विनी के अधरतिया में गिरफ्तार कर लिहलसि अमित शाह के सीधा नियन्त्रण में रहे वाली दिल्ली पुलिस.
जान जाईं कि अतवार 8 अगस्त का दिने भारत जोड़ो आन्दोलन का बैनर में एगो कार्यक्रम के आयोजन भइल रहुवे जवना में ब्रिटिश गुलामी का दौर के कानूनन के हटावे आ देश में समान नागरिक संहिता लागू करे के मांग कइल गइल. मोदी सरकार के बरदाश्त ना भइल कि ओकरा मुस्लिम प्रेम के विरोध करे केहू. एहसे भाजपाई होखला का बावजूद अमित शाह के दिल्ली पुलिस अश्विनी उपाध्याय के गिरफ्तार करे में कवनो देरी ना कइलसि, भलहीं उनुका खिलाफ कवनो सबूत जुटल ना होखे.

देश में हिन्दुवन के कवनो सरकार नइखे आ अब सवर्णों के हित देखे वाला कवनो सरकार नइखे रहि गइल. सभे पिछड़ा, दलित, आ गैर हिन्दुवन के गोल बनि के रहि गइल बा. एकर प्रमाण संसद में मिल गइत जब पिछड़ा वर्ग से जुड़ल एगो विधेयक पर सगरी गोल एक हो गइलें. देश के कवनो दोसरा मुद्दा पर ई गोल एक ना होखसु बाकिर आपन तलखाह आ भत्ता बढ़ावे के होखे भा अपना वोट बैंक के हिफाजत मुद्दा होखे त सांसदन के एकता देखते बनेला. नइसे कुकुरहाँव होखत रही, कवनो बिल पर चरचा ना होखे दी विपक्ष आ सरकार बिना चरचा करवले आपन सगरी विधेयक पारित करावत जाई. बाकिर जब मामिला पिछड़ा वर्ग से जुड़ल होखे त सभे एक बा. आ अब त राष्ट्रीय स्वंयसेवक संघो खुल के आरक्षण के समर्थन करे लागल बा. संघ के संतोष बा कि घीव कतहीं गिरे, बाकिर कवनो ना कवनो हिन्दू का थरिया में गिरे के चाहीं. आरक्षण से हिन्दुवन के एगो बड़हन हिस्सा के फायदा होखत बा त ओकर स्वागत होखे के चाहीं.

भारत से बरोबरी करे का चाहत में पगलइला का हद ले बेचैन हो चुकल पाकिस्तान एह बाति पर इंगलैंड से आपन विरोध दर्ज करवले बा कि भारतीयन के इंगलैन्ड आवे के छूट दे दीहल गइल बा बाकिर पाकिस्तानियन पर अबहियों रोक मौजूद बा.

कोरोना के कहर नें कमी अउला का बाद उत्तर प्रदेश सरकार अब कोरोना कर्फ्यू में ढील देत फैसला कइले बिया कि अबसे खाली अतवारे का दिने कोरोना बंदी रहल करी.

बलिया जिला के रसड़ा इलाका से काल्हु चार गो लूटेरन के करीब पौने छह लाख रुपिया का साथे गिरफ्तार कर लीहल गइल. ई रुपिया एगो एटीएम फ्रेंचाइजी से पिछला 27 जुलाई का दिने लूटल गइल रहुवे.

गोण्डा जिला के कर्नलगंज इलाका में सोनवार गडियनपुरवा गांव के पोखरा में एगो लाश मिलल. लाश कमालपुर के एगो लइकी के रहुवे.

मऊ जिला के हलधरपुर इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में बहरवा मठिया के एगो बुढ़ औरत आ उनुका भतीजा के मौत हो गइल. एह लोग के कार एगो मोटरसाइकिल वाला के बचावे का फेर में बेकाबू हो के सड़क किनारे गड़हा में पलट गइल.

चारा घोटाला के सजायाफ्ता मुजरिम लालू प्रसाद यादव अदालत से गोहार लगवले रहुवन कि उनुका खिलाफ चलत बाकी मामिलन के फिजिकल सुनवाई कइल जाव. अदालत उनुकर निहोरा खारिज कर दिहलसि.

बिहार कांग्रेस के वरिष्‍ठ नेता सदानन्द सिंह लिवर सिरोसिस से पीड़ित हो के दिल्ली के अस्पताल में भरती रहलन. उनुकर बेटा के कहना बा कि सोनिया गांधी आ राहुल गांधी से निहोरा कइला का बादो ऊ लोग कवनो सुध ना लीहल त मजबूरन अब बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के आश्वासन पर उनुका के पटना के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

पूर्वी चंपारण के हरसिद्धि इलाका से सुदर्शन न्यूज चैनल के पत्रकार मनीष कुमार सिंह के किडनैप कइला का बाद उऩुकर हत्या क दीहल गइल बा. उऩुकर लाश मठलोहियार गद्दी टोला का लगे चंवर में पानी में फेंकल मिलल. पुलिस एह मामिला में दू गो आरोपियन के गिरफ्तार कर लिहले बिया.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up