टटका खबर, मंगल, चईत पूर्णिमा, 2078 विक्रमी

by | Apr 27, 2021 | 0 comments

रउरा सभे के हनुमान जयंती पर हार्दिक शुभकामना. रउरा सभका आशीर्वाद से भोजपुरी के पहिलका वेबसाइट अँजोरिया के विश्वव्यापी रैंक आजु अबहीं 3 लाख 30 हजार 877 आ देश में रैंक 23 हजार 746 के बा.

पश्चिम बंगाल विधानसभा के सतवां डेग के मतदान काल्हु सोमार का दिने छोटमोट हिंसा का साथे करा लीहल गइल. करीब 75 फीसदी मतदाता आपन मतदान कइलें. अब आखिरी आठवां डेग के मतदान बाकी रहि गइल बा. एह डेग में 35 विधानसभा क्षेत्रन में वोट डालल जाई. आखिरी दम ले ममता हिम्मत नइखी छोड़ले आ अबहियों गोहार लगवले बाड़ी कि कम से कम आखिरी डेग में त केन्द्रीय सुरक्षा बलन के हटा लीहल जाव. उनुका बेचैनी बा कि एह बलन का चलते बवाल नइखे हो पावत आ लोग वोट खातिर निकले के हिम्मत कर लेत बा.

उत्‍तर प्रदेश के तीनतल्ला पंचायती चुनाव का तिसरका डेग में काल्हु प्रदेश के बीस जिलन में मतदान करावल गइल. छोटमोट घटना छोड़ कतहीं से कवनो अवांछित घटना के खबर नइखे.

कोरोना महामारी का चलते सुप्रीम कोर्ट गर्मी के छुट्टी समय से पहिलहीं शुरु कर दी. मुख्य न्यायाधीश एनवी रमन सुप्रीम कोर्ट बार एसोसिएशन के प्रस्ताव सकारत अनुमति दे दिहलन कि अदालत के नयका भवन में अबहीं खाली पड़ल वकीलन के चैंबर वाला खंड में अस्थायी कोविड केन्द्र बना दीहल जाय. ओने दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल विज्ञापन का सहारे अपना मीडिया विरोध के गुंजाइशे खलम कइला का बाद अदालतो से कवनो अनचाहा आदेश के अनेसा मेटावे का धूर्त कोशिश में दिल्ली के अशोको होटल के एक सौ कमरा बुक कार लिहले बाड़ें जहाँ न्यायमूर्तियन आ उनुका परिवार के कवनो सदस्य के कोविड भइला पर भरती कइल जाई. पूरा देश टकटकी लगवले देखत बा कि अदालत एह छिछोरा प्रस्ताव पर कइसन रुख लेत बिया. मीडिया के हाल त सभका सोझा बड़ले बा कि कवनो चैनल केजरीवाल के आलोचना करे के नमकहरामी करे के तइयार नइखे.

बस्ती जिली में सोमार के देर सँझिया नगर थाना के गोटवा बाजार का नियरा एगो बेकाबू कार के ट्रक से टकरइला का चलते ओह पर सवार दू जने के मौत हो गइल.

पश्चिम चंपारण जिला के लौरिया-नरकटियागंज मुख्य सड़क पर मटियरिया गांव का नियरा एगो ट्रक मोटरसाइकिल के धक्का मार दिहलसि जवना चलते एक आदमी के मौत हो गइल आ दुसरका सवार घवाहिल हो गइल. ट्रक चालक हादसा का बाद ट्रक छोड़ के भाग निकलल.

सोनभद्र के चोपन इलाका में दू गो कार के टक्कर में एक आदमी के मौत हो गइल. डाला नगर पंचायत के नई बस्ती के रहे वाला एगो अध्यापक चुनावी ट्रेनिंग लेबे राबर्ट्सगंज जात रहलें जब वाराणसी शक्तिनगर रोड पर चोपन पेट्रोल पंम्प का लगे ई हादसा हो गइल आ उनुकर मौत हो गइल.

संतकबीरनगर जिला के धनघटा इलाका के रानीपुर गाँन में बीडीसी पद के प्रत्याशी के मौत ट्रैक्टर से कचरा के हो गइल. उनुका परिवार के कहना बा कि उनुकर प्रतिद्वंद्वी ई हय्टा करववले बा.

सारण जिला के मांझी इलाका के नटवर गोपी गांव का एगो घर से एगो औरत के लाश बरामद भइल. घर के बाकी लोग लाश छोड़ के फरार बा. मांझी थाना पुलिस मामिला के जाँच में लाल बिया,

गोण्डा जिला के कर्नलगंज कोतवाली इलाका के चकरौत गांव में एके परिवार के पाँच लोग का साथही कुल आठ लोग के कोरोना से मौत हो गइला का बाद गाँव हदस गइल बा.

काल्हु आईपीएल के मैच में कोलकाता नाईट राइडर्स पाँच विकेट से पंजाब किंग्स के हरा दिहलसि.

देश के शेयर बाजार में काल्हु लिवालन के दिन रहल आ सेंसेक्स 508 अंक बढ़ के अउर निफ्टी 144 अंक बढ़ि के बंद भइल. बुझात बा कि निवेशकन के भरोसा लागत बा कि सरकार देश व्यापी लॉकडाउन नइखे करावे जात आ कोरोना पर काबू पावे के उमेद कइल जा सकऽता.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up