टटका खबर

by | Mar 18, 2010 | 0 comments

विपक्ष के हो हल्ला जूती का नोक पर

नोट के माला पहिरला पर विपक्ष के हो हल्ला के अपना जूती का नोक पर राखत मायावती काल्हु फेर अठारह लाख रुपिया के नोटन से बनल माला पहिरली आ बसपा नेता स्वामी प्रसाद मौर्या कहलन कि अबसे मायावती के हमेशा नोटे के माला पहिरावल जाई. कांग्रेस का तरफ से कहल जा रहल बा कि मायावती दलित के बेटी ना दौलत के बेटी हई

एनडी तिवारी पर नाजायज बाप होखे के मुकदमा

पूर्व रक्षा राज्यमंत्री प्रोफेसर शेर सिंह के नाती रोहित शेखर के आरोप बा कि नारायण दत्त तिवारी उनकर नाजायज बाप हउवन आ एकर जाँच होखे के चाहीं.. नारायण दत्त तिवारी के मर्दानगी के चर्चा हमेशा होत आइल बा. पिछला दिने नब्बे साल का उमिर में तीन ग मेहरारुवन का साथ खेल करत पकड़इला का बाद उनका राज्यपाल पद से इस्तीफा दे देबे के पड़ल रहे. रोहित शेखर के मुकदमा का मामिला में उनकर वकील कहलें कि ई सब तिवारी के बदनाम करे के चाल बा. बाकिर कोर्ट उनकर दलील ना मनलसि आ मुकदमा के सुनवाई खातिर सकार लिहलसि.

मनमोहन के मोहनी मंत्र अबकी भाजपा पर ना चलल

परमाणु दुर्घटना मुआविजा विधेयक पर संकट में पड़ल केन्द्र सरकार भाजपा से निहोरा करे में लागल बिया कि केहू तरह एह विधेयक के संसद में पेश करे दिहल जाव. बाकिर भाजपा तईयार नइखे होखत. मनमोहन के फोन आ मेनन के मुलाकात का बादो भाजपा कांग्रेस के चाल में फँसे से इन्कार कर दिहलसि. एह विधेयक में प्रावधान बा कि दुर्घटना कतनो भयंकर होखे मुआविजा कुल मिला के तीन सौ करोड़ से बेसी ना होखी आ एही बात पर सबकर विरोध बा.

राजन तिवारी का घर पर छापा

बिहार के पूर्व विधायक बाहुबली राजन तिवारी का घर पर छापा मार के असलहा समेत छह जने के गिरफ्तार कर लिहल गइल. पुलिस के कहनाम बा कि यूपी के एगो कुख्यात अपराधी ऋषिमुनि तिवारी का साथे मिल के मोतिहारी के एगो सिनेमा मालिक के अपहरण के योजना बनावत घरी एह लोग के पकड़ल गइल. हालांकि ऋषिमुनि भाग गइल. पकड़ाइल अपराधियन पर पहिलहू से मुकदमा दर्ज बा.

महाराष्ट्र के आतंकविरोधी दल के प्रमुख पर सरकार नाराज

हालही में मुंबई में पकड़ाइल दू गो आतंकियन के नाम अपना बयान में बता देबे खातिर केन्द्र सरकार आ महाराष्ट्र सरकार एटीएस प्रमुख के पी रघुवंशी से नाराज हो गइल बाड़ी सँ. पकड़ाइल आतंकियन के नाम रियाज आ लतीफ, बतावल गइल रहे. सरकार के  कहनाम बा कि जब ले जाँच पूरा ना हो जाव तबले नाम बतवला के जरुरत का रहे.पूणे विस्फोट के अपराधियन के नाम आजु ले नइखे बतावल गइल.

मुंबई हमला के आरोपी जुर्म कुबूल कर ली

मुंबई हमला के षडयन्त्र रचे के आरोपी पाकिस्तानी अमेरिकी नागरिक डेविड कोलमैन हेडली आजु अमेरिका के एगो कोर्ट में आपन जुर्म कुबूल कर सकेला.अबले ऊ अपना के बेकसूर बतावत रहल बाकिर अब आपन गलती माने के तईयार हो गइल बा. कोर्ट ओकरा के एह जुर्म खातिर सजाये मौत तक दे सकेला. बाकिर शायद प्लीड गिल्टी का बाद ओकरा साथे कुछ नरमी बरतल जाव.

पाकिस्तान से समग्र बातचीत ना हो सके

भारत के कहनाम बा कि जबले पाकिस्तान आपन रहन ना सुधार ली तबले ओकरा  साथे कवनो तरह के बातचीत ना कइल जा सके. ई बात राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार शिवशंकर मेनन कहले बाड़े, वइसे दुनु देश का विदेश सचिवन के बातचीत के अगिला दौर पाकिस्तान में होखे वाला बा.

देश में ज्ञान के संजाल बिछावल जा रहल बा

प्रधानमंत्री के सूचना संसाधन सलाहकार डा॰सैम पित्रोदा कहले बाड़न कि देश में पाँच हजार संपर्क बिन्दु, नोड, बना के सगरी विश्विवद्यालय के एक दूसरा से जोड़ दिहल जाई. अबले करीब सवा सौ नोड काम करे लागल बा. कहलन कि अगिला पाँच साल में पूरा देश के ब्राडबैन्ड से जोड़ दिहल जाई. एह क्रम में सबसे पहिले अढ़ाई लाख पंचायतन के ब्राडबै्ड से जोड़े पर काम चल रहल बा.

काश्मीर के स्कीइंग संस्थान बीस बरिस बन्द रहला का बाद फेर से खुली

आतंकी घटना का चलते काश्मीर का गुलमर्ग में चलत स्कीइंग प्रशिक्षण संस्थान के बिस बरिस पहिले बन्द कर देबे के पड़ल रहे. अब सरकार फैसला कइले बिया कि ओह संस्थान के फेर से शुरु कर दिहल जाई. एह साल मई का महीना में दस दिन के प्रशिक्षण शिविर लगावल जाई.

राष्ट्रमंडल मुक्केबाजी में भारत के स्वर्णिम प्रदर्शन

नयीदिल्ली में चलत राष्ट्रीय मुक्केबाजी के फाइनल में बारत के विजेन्दर सिंह समेत छह गो मुक्केबाज स्वर्ण पदक जीत लिहलें जवना से भारत आपन सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन करे में सफल रहल. पिछला प्रतियोगिता में भारत चार गो स्वर्ण पदक जीतले रहे.

Share this…

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up