दू बेकत के झगड़ा, बीच में बोले लबरा

by | May 17, 2024 | 0 comments


आजु खबर के चरचा से बेसी मन करत बा कि कुछ भोजपुरी कहाउतन के चरचा कर लीं. एगो कहाउत त मथैले बना दिहले बानी. दोसर कहाउत ह – नौकर के चाकर मँड़ई के ओसारा !

आ इयाद त उर्दू के एगो शेरो आवत बा कि –
उम्रे दराज मांग कर लाया था चार दिन
दो आरजू में कट गए, दो इंतजार में.

बेचारा केजरीवाल कतना मुश्किल से इकइस दिन के जमानत के जोगाड़ लगवा के बाहर आइल बाकिर हो अइसन गइल कि प्रचार खातिर जमानत पर छोड़े वाला जज साहिबानो के अनेसा ना रहल होखी कि केजरीवाल प्रचार कर पवलें चाहे ना, प्रचार उनुका भरपूर मिल गइल. आ मजे के बात ई कि सगरी प्रचार बिना कवनो विज्ञापन बजट के मिल गइल. सबले बेसी प्रचार उहे करत बाड़े सँ जवनन के कबो एगो धेलो के विज्ञापन ना दिहलसि दिल्ली सरकार. आ जवनन के मिलल ऊ त नमक के हक अइसन अदा करत बाड़े सँ कि अंगरेजिओ के एगो कहाउत इयाद आ गइल जवना में कहल गइल बा कि अगर हमरा से प्यार करेलऽ त हमरा कुकुरो के चाटऽ के देखावऽ. love me and love my dog. आ कसम से ई स्वामीभक्त कुकुर अपना मालिको से बेसी ओकरा नौकर के कर्जदार लउकत बाड़न स. नौकर के चाकर आ मँड़ई के ओसारा वाला कहाउत अइसने समय ला बनल होखी शायद.

आ दू बेकत के झगड़ा, बीच में बोले लबरा वाला कहाउत के साँच करत खुद स्वाति मालीवाल के कहना बा कि भाजपाई हमरा मामिला से फरका रहसु. कबो केजरीवाल के एक्स रहल अपना एक्स पर ट्वीटले बाड़ी कि –

“मेरे साथ जो हुआ वो बहुत बुरा था। मेरे साथ हुई घटना पर मैंने पुलिस को अपना स्टेटमेंट दिया है। मुझे आशा है कि उचित कार्यवाही होगी। पिछले दिन मेरे लिए बहुत कठिन रहे हैं। जिन लोगों ने प्रार्थना की उनका धन्यवाद करती हूँ। जिन लोगों ने Character Assassination करने की कोशिश की, ये बोला की दूसरी पार्टी के इशारे पर कर रही है, भगवान उन्हें भी खुश रखे।

देश में अहम चुनाव चल रहा है, स्वाति मालीवाल ज़रूरी नहीं है, देश के मुद्दे ज़रूरी हैं।

BJP वालों से ख़ास गुज़ारिश है इस घटना पे राजनीति न करें।”

आ हमरा लगे कवनो कारण नइखे कि हम दोसरा के फटला में आपन टाँग फँसाईं. जा देवी जी जब तुहीं कहत बाड़ू कि आआपा के विरोधी लोग एह मामिला से अलगा रहसु त हमरा कवन कुकुर कटले बा जे हम तोहरा मामिला में टाँग फँसाई. हम त बस कुछ भोजपुरी कहाउतन के चरचा करे बइठल बानी. आ ओही क्रम में कुछ अउर बात आ जाव त – ‘बात निकलेगी तो दूर तलक जाएगी’ व‌ाला नज्म रउरो सुनलहीं होखब.

लात जूता खा के, कपड़ा फड़वा के तीन दिन सुस्ताइओ के अगर स्वाति मालीवाल आखिरकार दिल्ली पुलिस किहाँ आपन मामिला दर्ज करवा दिहली त एकरा ला उनुका हिम्मत के दाद-खाज-खुजली वब दे देबे के मन करत बा.

अपना एक्स अकाउन्ट पर स्वाति मालीवाल लिखले बाड़ी कि –
“हर बार की तरह इस बार भी इस राजनीतिक हिटमैन ने ख़ुद को बचाने की कोशिशें शुरू कर दी हैं।

अपने लोगों से ट्वीट्स करवाके, आधि बिना संदर्भ की वीडियो चलाके इसे लगता है ये इस अपराध को अंजाम देके ख़ुद को बचा लेगा। कोई किसी को पीटते हुए वीडियो बनाता है भला? घर के अंदर की और कमरे की CCTV फ़ुटेज की जाँच होते ही सत्य सबके सामने होगा।

जिस हद तक गिर सकता है गिर जा, भगवान सब देख रहा है। एक ना एक दिन सब की सच्चाई दुनिया के सामने आएगी।”

अब एह ट्वीट में कहल बातन पर गौर करीं – “हर बार की तरह” के मतलब का भइल ? इहे नू कि ई “राजनीतिक हिटमैन” पहिलहूं कई बेर अइसन कर चुकल बा आ अपना पाप के भा अपराध के परिणाम से अपना के बचावे में लागल बा. बबुनी जब जानते रहलू त तुहूं त शामिल रहल होखबू पिछला वारदातन में !

तहरा से सहानुभूति नइखे होखत, दया जरूर आवत बा कि एगो बेचारी सुकन्या, माने कि सुन्दर ना बढ़िया कन्या, के कवन दिन देखे के पड़ गइल बा. आ रहल सवाल ओह “राजनीतिक हिटमैन” के त ऊ त खुलेआम ले के घूम रहल बा दिल्ली से दौलताबाद ले ओही कुकर्मी का सााथे. अब सुने में आ रहल बा कि ओकरा के पंजाब भेज दिहले बा जहाँ के सरकार उनुकर मान राख ली आ विभव के वैभव पर कवनो चोट ना करी. दिक्कत बस अतने बा कि बेचारा उम्रेदराज मांग के ले आइल रहुवे चारे दिन के आ ओहूमें से अधिका दिन चिरौरी के आरजू करे में आ इन्तजार करे में कि जल्दी से ई मामिला केहू तरह दब जाव. मामिला पसारे के रहीत त ओकरा लगे कुकुरन के कमी नइखे रहल कबो. बाकिर अबकी त ऊ सब भूंकत बाड़ें जिनका के कबो रोटी ना फेंकलसि कबो. केजरीवाल जी निराश भइला के जरुरत नइखे. अगर एहू कुकुर के कुछ फेंकल चाहत होखबऽ त बगल में आपन यूपीआई आईडी लगा के रखले बानीं. भेज द जतना भेज सकऽ आ फेर देखऽ हमहूं कइसन गुम्मी साध लेत बानी !

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up