देश के चुनाव आ दहशत में दुनिया

by | May 30, 2024 | 0 comments

भारत में हो रहल लोकसभा चुनाव 2024 के परिणाम कइसन होखी इहे सोच सोच के सगरी दुनिया दहशत में आ गइल बावे. भारत में चुनाव के व्यवस्था अइसन तगड़ा होला कि केहू थाह ना लगा पावे कि केकर आ कइसन सरकार बना जा रहल बावे. जनता के मन के थाह लगावे में देशे ना दुनियो के दिग्गज लागल बाड़ें बाकिर केहू पकिया तौर पर नइखे बता पावत कि का होखे जा रहल बा. भारत अब अइसन वैश्विक आ आर्थिक ताकत बन के उभर रहल बावे कि एहिजा के सरकार अब दुनिया के हर कोना पर असर डाले लागल बिया. एह उभरत भारत के काबू में राखे खातिर दुनिया के कई ताकत एहिजा के हिन्दू विरोधी गिरोहन के माल-पत्ता, सहारा, सहजोग दे के चाहत बाड़ी सँ कि भारत में गठजोड़ वाला अइसन सरकार बने जवना के अपना दबाव में लीहल जा सके.

जइसे जइसे चुनाव के एक एक डेग बढ़ रहल बा तइसे तइसे सभे नरभसाए लागल बा. आ जे नरभसात नइखे से पोखरा में मछरी, नौ नौ कुटिया बखरा लगावे के तइयारी करे लागल बा. देश जाय चूल्हेभाँड़ में उनुकर सरकार बने के चाही. अबहीं आखिरी दौर के चुनाव शनिचर के होखे जा रहल बा आ ओकरा पहिलहीं कांग्रेस अध्यक्ष इंडी के सभा बोला लगहले बाड़न. केहू कहत बा कि परिणाम सामने आवे से पहिले सरकार बनावे के तइयारी कर लीहल जाव. केहू चाहत बा कि अगर मनमाफिक परिणाम ना आइल त पूरा देश में आग लगावे के तइयारी कर के राखल जाव. आ एह में समय लागी से तीन दिन पहिलहीं से सूरसार शुरु कर दीहल जाव.

जे मोदी समर्थक होखी ओकरा त भरोसा होखी कि कानून व्यवस्था बिगड़े ना दी केन्द्र सरकार. हो सकेला कि भेड़िया आया, भेड़िया आया चिल्लाए वालन के सचहूं भेड़िया से सामना हो जाय आ बिना छीलल बाँस से भेंट हो जाव. बाकिर अधिका लोग त गोलबन्दी से फरका रहेला आ उनुका ई सोचिए के दबशत हो जात बा कि अगर जे कहीं …. आ देशे ना दुनिया भर के निवेशक दहशत में आ गइल बाड़ें जवना चलते भर दुनिया के शेयर बाजार में गिरावट के दौर आ गइल बा. अपना देश के शेयर बाजार आजु लगातार पाँचवा दिने गिरावट का साथे बन्द भइल बा त दुनियो के बाजार एह गिरावट से बाचल नइखे.

शनिचर केकर शनिचरा छोड़ावे जा रहल बा से त मगल का दिने सभका सोझा होखी बाकिर आजु निफ्टी के मासिक निपटानो के दिन रहुवे से – एक त कमली अपना गोर ओह पर से लीहलसि कमरी ओढ़ – वाला हालात बन गइल. एक्जिट पोल त शनिचर के होखे जा रहल आखिरी दौर का मतदान का बाद आई बाकिर सटोरिया आ निवेशक एकर तइयारी कालंहुवे से शुरु कर दिहें. से हमार अन्दाजा इहे बा कि अगर बाजार काल्हु तेजी में आइल त बूझ जाईं कि मोदी तिसरका बेर. आ अगर गिरावट के रुख धइलसि त …

काहें कि मोदी विरोधियनो के नीमना से मालूम बा कि अगर जे कही इंडी सरकार बने के नौबत आ गइल त हिन्दुवने के ना पूरा देश के रामनाम सत्य हो जाई…

हालांकि हमरा अबहियों भरोसा बा – जय श्रीराम !

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up