निरहुआ पवन के फिल्म खून पसीना

by | Sep 19, 2011

भोजपुरी सिनेमा के दू गो सुपर स्टार, दिनेश लाल यादव निरहुआ आ पवन सिंह, निरहुआ इंटरटेनमेंट के प्रस्तुति आ शिव फिल्म्स का बैनर में बनल फिल्म खून पसीना में एके साथ आवत बाड़े. “आशिक बनाया आपने” आ “दिल दिया है” जइसन सफल हिन्दी फिल्म बना चुकल बाला भाई एह फिल्म के बनवले बाड़न आ निर्देशन कइले बाड़न भोजपुरी के मशहूर निर्देशक रामाकांत प्रसाद.

फिल्म के कलाकारन में दिनेश लाल यादव निरहुआ, पवन सिंह, पाखी हेगडे, मोनालिसा, प्रिया शर्मा, अनिल यादव, बिपिन सिंह, हीरा यादव, विनोद मिश्रा, वंदनी मिश्रा, नीरज राज पौडेल आ सीमा सिंह के नाम खास बा. गीतकार बिनय बिहारी, अशोक कुमार दीप, आ प्यारेलाल यादव, संगीतकार अशोक कुमार दीप, लेखक सुरेन्द्र मिश्रा, छायाकार देवेन्द्र तिवारी, आ एक्शन मास्टर हीरा यादव आ निशात खान बाड़े.

बहुते बड़हन कैनवास पर बनल एह फिल्म के भोजपुरी के बड़का फिल्मन में गिनल जात बा. निरहुआ आ पवन सिंह दुनु जने के कहना बा कि दर्शक एह फिल्म के देख के बहुते मजा लीहें.

फिल्म के पोस्ट प्रोडक्शन के काम होत बा.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up