१२ मई का दिने मुंबई का गोरगाँव स्पोर्ट्स क्लब मैदान में पाँचवा भोजपुरी फिल्म अवार्ड समारोह आयोजित होखे जा रहल बा. पिछला पाँच साल से विनोद गुप्ता भोजपुरी प्रेमी लोग का सहयोग से एह आयोजन के करत आ रहल बा.
समारोह में भोजपुरी सिनेमा से जुड़ल तमाम दिग्गजन मौजूद रहीहें आ दर्शक समुदाय का सोझा एह साल के अवार्ड के घोषणा कइल जाई. नामांकित फिल्म, कलाकार, तकनीशियन के पूरा सूची भोजपुरीफिल्म्स.आर्ग पर दिहल जा रहल बा.
(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)
0 Comments