बुड़बक के सींग होला ना पोंछ त ऊ चिन्हाला कइसे

by | May 28, 2024 | 0 comments

भउजी हो !

का बबुआ, चुनाव से फुरसत मिल गइल का ?

ना भउजी, अबहीं कहां. अबहीं त असली कुकुरबझाँव बाकिए बा.

तब कवनो खास बात जवना चलते भउजी इयाद पड़ गइली हऽ ?

हँ भउजी, जबे दिमाग घनचक्कर हो जाला हम तोहरा शरण में आ जाइलें. काहें कि तूंही बाड़ू जेकरा से हम कवनो सवाल कर सकीलें.

तब, आजु के सवाल का बा ?

बुड़बक के सींग होला ना पोंछ त ऊ चिन्हाला कइसे ?

अपना हरकत से, भा जब ऊ कुछ शातिर चाल चले के कोशिश करे.बाकिर ई सवाल उठल कइसे ?

1 जून के दुपहरिया में इंडी गठबन्हन के बइठका बोलवले बिया कांग्रेस.

इंडी के सबले बड़का गोल हिय कांग्रेस त उ बोलाइए सकेले.

बाकिर ओह बेरा ले कई राज्यन में वोटिंग के काम पूरा ना भइल होखी. 57 सीट के चुनाव बाकी बा. ममता घेराइल बाड़ी काहें कि उनुका राज्य में 9 सीट पर चुनाव होखे वाला बा. एहसे ऊ पहिलहीं मना कर दिहली कि एह बइठका में ऊ शामिल ना हो पइहें.

रोवे के रहली तले अँखिए खोदा गइल ! इंडी से गरदन छोड़ावल चाहत बाड़ी त पहिलहीं से पैंतरा ले लिहली. ना त ऊ अपना कवनो प्रतिनिधि के भेजिए सकत रहली.

बाकिर भउजी, ओह दिन त एक्जिट पोलो के आंकड़ा ना आइल रही ओह बेरा ले. त बतियाइ लोग का ?

एक्जिट पोल से पहिले ओह लोग का लगे आपनो आंकड़ा त आ गइल रही. आ छह दौर के चुनाव त फैसला करिए दिहले होखी कि ऊंट कवना करवट बइठे जा रहल बा. से सात बजे से शुरु होखे वाला कुकुर बँझाव में कवन लाइन धरे के बा से त पहिले से तय रहे के चाहीं. जइसे कि अगर बहुमत मिलल त के पीएम होखी, आ सूपड़ा साफ हो गइल त कवना बात के मुद्दा बनावल जाई. ई मत होखे कि केहू इर घाट त केहू मीर घाट के रुख धर लेव. बबुआ त थाईलैण्ड के टिकट कटा के बइठले बाड़न, बाकी लोग केने के टिकट कटवले बा उहो त पता रहे सभका. आ का जाने टिकट कैन्सिलो करे के त संभावना बन सकेला. असली कपारफोड़ त तबे शुरु होखी जब इंडी के झंडी हरियर होखे के उमेद बन जाव !

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up