बेहूदन से निपटे ला सावधानी बढ़ावल जरुरी बा

by | Jun 3, 2024 | 0 comments

भारत के चुनाव आयुक्तन के ई फोटो चुनाव आयोग के वेबसाइट से लीहल गइल बा.

आरह चुनाव आयोग के प्रेस वार्ता में चुनाव आयुक्तन का ओर से कहल गइल कि चुनाव प्रक्रिया के शुद्धता, पारदर्शिता अउर निष्पक्षता सुनिश्चित कइला का बावजूद जवना तरह से अनर्गल बात फैलावे वालन के बाजार बड़हन खतरा बन गइल बा आ करा खिलाफ सावधानी बढ़वला के जरूरत बा. कहल गइल कि एह तरह के कोशिश के खास डिजाइन लउके लागल बा.

दुनिया के लोकतांत्रिक इतिहास में भारतीय लोक सभा चुनाव 2024 आपन कीर्तिमान बना लिहले बा. एह चुनाव में 64.2 करोड़ मतदाता अपना मताधिकार के इस्तेमाल कइलन जवना के देख सगरी दुनिया अवाक बा.

बाकिर चुनाव आयोग आपन गलती मान लिहलसि कि अइसन गरमी में चुनाव करावल ठीक नइखे आ आगे से सगरी चुनाव प्रक्रिया गर्मी के मौसम से एक महीना पहिलहीं करा लीहल जाए के चाहीं. साथही अनर्गल प्रचार से निपटलो के जरूरत से सबक लेबे के होखी.

मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार कहलन कि आयोग के पहिलहीं से अनेसा रहल कि देश का बाहर से बेहूदा आरोप लगावल जा सकेला बाकिर देश का भितरो से एह तरह के बेहूदा हमला होखे के अंदाजा हमनी के ना रहल. मुख्य चुनाव आयुक्त कुमार कहलन कि रउरा सवाल उठाईं बाकिर ओकरा ला सबूतो दीहल करीं. आगाहो कइलन कि मतगणना केन्द्रन पर बवाल करे वालन से सख्ती से निपटल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up