बोलला से त रहबे कइल, अब चुपो रहला से दिक्कत

by | May 29, 2024 | 0 comments

काग्रेसी नेता अभिषेक मनु सिंघवी मशहुर वकील हउवें त स्वाभाविक बा कि उनुकर अधिका समय अदालत में गुजरे. पापी पेट खातिर त सबहीं कुछ ना कुछ करत रहेला भा कइला के कोशिश करेला. वकीलो लोग वइसने करेला. अब डाक्टर त बेमारे आदमी से आपन कमाई करेला आ केहू एकरा ला डॉक्टरन के शिकायत ना करेला. बाकिर सिंघवी के आलोचना करत घरी लोग के शिकायत होला कि सगरी कुकर्मी उनुके शरण में जालें. उनुकरे मेहरबानी बा कि अदालत रोजे कवनो ना कवनो केजरी-कथा में अझुराइल रहेला. गरमी का छूट्टियो में राहत नइखे मिलत जजन के. सिंघवी के दबदबा कुछ अइसन हो गइल बा कि सिब्बलो के कहे के पड़ जात बा कि चेहरा देख के फैसला नौ होखे के चाही. ऊ सोचले रहलन कि जइसे सिंघवी के मुवक्किल के जमानत मिल गइल वइसहीं हेमन्तो के मिल जाए के चाहत रहल. सिब्बल जइसन वकीलो समुझ ना पवलन केजरी हेमन्त के फरक. हेमन्त का लगे लाज हया रहल आ जेल जाए से पहिले हेमन्त इस्तीफा दे दिहले रहलन. जबकि लाज हया से भवह-भसुर के नाता निबाहे वाला केजरी ऊ गलती ना कइलसि. एहसे कहाँ राजा भोज कहां गंगू तेली ! कुरसी से चिपकल केजरी आ हेमन्त के एके कइसे मानल जा सकेला. दोसरे सिंघवी सिंघवी हउवन, सिब्बल सिब्बल.

हँ त लवटल जाय मथैला पर. चुनाव प्रचार के काम से फुरसत मिलला का बाद पीएम मोदी कन्याकुमारी के विवेकानन्द शिला स्मारक के साधना कक्ष में साधना करे चल जइहें. ऊ राहुल का तरह बैंकाक त जइहें ना. आ कुछ लोग के बोललको सुनाई ना देव आ कुछ लोग के चुपियो अतना शोर करेला कि कान फाटे लागेला. से सिंघवी चुनाव आयोग से ओरहन कइले बाड़न कि मोदी के साधना पर खतम होखला तक रोक लगावल जाय ना त मीडिया पर रोक लगा दीहल जाव कि मोदी के मौन के आवाज जन सुनावे. हर जगहा आआपा के सरकार त बा ना कि मीडिया के सेंसर कर सके इंडी गठबन्हन.

जबरा मारबो करे आ रोवहूं ना देव वाला हो गइल बाड़न मोदी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up