भोजपुरी अनुरागी आचार्य प्रतापादित्य के निधन

by | May 2, 2012 | 1 comment

गोरखपुर के वरिष्ठ अधिवक्ता, आनंद मार्ग के वरिष्ठ आचार्य, थियोसाफिकल सोसाइटी गोरखपुर के अध्यक्ष, गोरखपुर विश्वविद्यालय के विधि विभाग के पूर्व प्राध्यापक आ भोजपुरी साहित्यकार रहल आचार्य प्रतापादित्य के निधन काल्हु बुध का दिने भोर में हो गइल.

आचार्य प्रतापादित्य के जनम 24 मई, 1933 के विश्वनाथपुर (सरया तिवारी), विकास खण्ड खजनी गोरखपुर भइल रहे. इलाहाबाद विश्वविद्यालय से एमए, एलएलबी कइला का बाद साल 1959 से गोरखपुर में अधिवक्ता बन के काम शुरू कइनी. साल 1966 से 1979 ले आप गोरखपुर विश्वविद्यालय में प्रवक्ता विधि रहनी. जागृति, भोजपुरी वार्ता समेत अनेके पत्र-पत्रिकायन के संपादन कइनी. आध्यात्मिक विषय पर आचर्य जी के दर्जनों पुस्तकें छप चुकल बाड़ी सँ.

आचार्य प्रतापादित्य के अंतिम संस्कार 2 मई के सबेरे राजघाट स्थित बैकुंठ धाम में आनंदमार्ग विधि से कइल गइल. सराध 4 मई के अरविंद आवास, बेतियाहाता में होखी.

उनासी बरीस के आचार्य जी लगातार भोजपुरी में लिखत रहीं आ कई अखबारन में उहाँ के लिखल भोजपुरी स्तम्भ प्रकाशित होत रहल.

आचार्य के निधन पर अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के अध्यक्ष रह चुकल गिरिजाशंकर राय गिरिजेश आपन शोक जतवले बानी.

एह मनीषि के अँजोरिया के तरफ से हार्दिक श्रद्धांजलि

Loading

1 Comment

  1. amritanshuom

    हमरो तरफ से आचार्य प्रतापादित्य जी के हार्दिक श्रद्धांजलि.
    ओ.पी.अमृतांशु

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up