भोजपुरी पट्टी से 11 गो खबर, शुक 1 जून 2018 के

by | Jun 2, 2018 | 0 comments

गोरखपुर में दू दिन लागी रोजगार मेला
गोरखपुर 01जून (वार्ता) उत्तर प्रदेश के गोरखपुर विश्वविद्यालय में एगो बड़हन रोजगार मेला दू दिन ला लगावल जाए वाला बा.
सहायक निदेशक सेवायोजन अखण्ड प्रताप सिंह बतवलन कि क्षेत्रीय सेवायोजन कार्यालय का तरफ से 9 आ 10 जून के दू दिन के रोजगार मेला दीक्षा भवन, विश्वविद्यालय परिसर में लगावल जाई.
एह मेला में कई गो कंपनियन में मौजूद 5000 वैकेन्सी पर बहाली होखे वाला बा.


छपरा के राजेन्द्र सरोवर में डूबला से एगो लड़िका के मौत
छपरा 01 जून (वार्ता) बिहार में सारण जिला के छपरा शहर में मौजूद राजेन्द्र सरोवर नहाए ढुकल एगो लड़िका गहिरा पानी में चल गइला से डूब गइल. साथे नहात बाकी बचवा सभ पूरा कोशिश कइलें बाकिर ओकरा के डूबे से बचा ना सकले. हादसा के जानकारी मिलला का बाद स्थानीय लोग के मदद से ओकर लाश निकालल गइल.
डूबल लड़िका इमली मुहल्ला में रहे वाला मेंहदी इमाम के बेटा साहेब आलम रहुवे.


वाराणसी में दू गो भड़ैता हत्यारा असलहा समेत धरइले
वाराणसी, 01 जून (वार्ता) उत्तर प्रदेश में वाराणसी के सारनाथ इलाका में शुक का दिने पुलिस से मुठभेड़ का बाद असलहा तस्करी आ भाड़ा पर हत्या करे वाला दू गो बदमाशन के पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि बाकिर ओहनी के चार गो संघतिया भाग परइले.
पुलिस सूत्र बतवलें कि जमीनी विवाद में बनियापुर रजनहिया के रहे वाला बिहारी यादव उर्फ भोली यादव के हत्या करे ला घात लगवले बदमाशन में से कल्लू शर्मा अउर बीरू तिवारी मुठभेड़ का बाद गिरफ्तार हो गइलें, जबकि सादिक, अभिषेक सिंह उर्फ प्रिंस, इमरान आ जावेद खां भाग परइलें.
गिरफ्तार बदमाशन का लगे से तीन गो पिस्टल, एगो रिवाल्वर, तीन गो तमंचा आ बहुते जिंदा कारतूस बरामद भइल बा.
पुलिस अधिकारी बतवलें कि पूछताछ में बदमाश बतवले सँ कि ऊ बिहार का मुंगेर से असलहा लेआके वाराणसी में ऊंच दाम पर बेचत रहले आ साथे-साथ भाड़ा पर हत्यो करे के धंधा करत रहले सँ.


जौनपुर प्रधान डाक घर से दिन दहाड़े अढ़ाई लाख रूपिया गायब
जौनपुर, 01 जून (वार्ता) उत्तर प्रदेश में जौनपुर के शहर कोतवाली इलाका में प्रधान डाक घर से अज्ञात बदमाश अढ़ाई लाख रूपिया लेके चंपत हो गइले.
पुलिस सूत्र बतवलें कि शहर के अलफस्टीनगंज मोहल्ला में स्थित प्रधान डाक घर के सेविंग काउंटर पर तैनात बाबू सत्य प्रकाश गाहकन के अढ़ाई लाख रूपिया बैग में रखके कामकाज निपटावत रहलें. काम निपटाके खाली भइलें त देखत बाड़ें कि रूपिया वाला बैग गायब बा.
घटना के सूचना मिलते सीओ सिटी नृपेन्द्र सिंह, आ शहर कोतवाल के के मिश्रा मौका पर पहुंचके जांच पड़ताल शुरू कइलें. बाकिर चोर धराइल नइखे.


संदेह वाला हालात में बैंककर्मी के मौत
बेतिया 01जून (वार्ता). बिहार में पश्चिम चम्पारण जिला में भारतीय स्टेट बैंक के चनपटिया मुख्य शाखा में तैनात एगो लिपिक के मौत संदेह वाला हालात में हो गइल बा.
पुलिस सूत्रन के कहना बा कि बैंककर्मी अशोक शर्मा (30 साल) पिछला दी बरीस से एहिजा तैनात रहले आ चनपटिया बाजारे में किराया के डेरा में रहत रहलन. रहा था।
अशोक गोपालगंज के बरौली थाना के सरेया गांव के रहे वाला रहलन आ अगिला दिसंबर में उनुकर बिआह होखे वाला रहुवे. पुलिस लाश के एम जे के अस्पताल, बेतिया पोस्टमार्टम ला भेज दिहले बिया आ रिपोर्ट अइला का बादे पता चली कि मौत के कारण का रहुवे. ओने मरल बैंककर्मी के मामा शिकायत दर्ज करा के हत्या के अनेसा जतवले बाड़न.


कुशीनगर में हत्या के आरोप में पत्नी समेत चार जने के जेल
कुशीनगर 01 जून (वार्ता) उत्तर प्रदेश के कुशीनगर जिला में चार बरीस पहिले अपना ससुरारी आइल एगो नवही के हत्या का मामिला में कुशीनगर के एगो अदालत ओकरा मेहरारू आ सार के दस-दस बरीस आ ससुर अउऱ चचेरा ससुर के पांच-पांच बरीस के जेल के सजा सुनवलसि.


कुशीनगर में मोटरसाइकिलन के टक्कर में एक जने के मौत
कुशीनगर 01 जून (वार्ता) उत्तर प्रदेश के कुशीनगर के पटहेरिया चौराहा क्रासिंग का नियरा भइल दू गो मोटरसाइकिलन के टक्कर में एगो नवही शमशाद के मौत हो गइल. कान में ईयरफोन लगवले माटरसाइकिल चलवला का चलते ई हादसा भउवे.


वाराणसी में फेरु एगो फ्लाईओवर हादसा
वाराणसी, 01 जून (वार्ता) प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के संसदीय क्षेत्र वाराणसी में दू सप्ताह बादे एगो अउर बनत फ्लाईओवर के शटरिंग गिर पड़ल. संजोग से डायवर्सन रहला का चलते केहू हताहत नइखे भइल. पिछला 15 मई का दिने भइल एगो दोसर हादसा में नाहियो त 18 लोग के मौत हो गइल रहुवे.


गोण्डा आ बहराइच में आदमखोर हुँड़ार के आतंक
गोण्डा 01 जून (वार्ता) उत्तर प्रदेश में देवीपाटन मंडल के बलरामपुर आ बहराइच जिलन में एगो आदमखोर तेंदुआ के हमला के अनेसा से लोगबाग हदसल बा.
वन विभाग सूत्रन से पता चललल कि बहराइच जिला के कर्तनिया जंगल के रामगांव इलाका के धोबिहा गांव में तेंदुआ देखल गइल. ओकरा कुछ देर बादे टेंपरापुरवा में ओकरा के दएखल गइल. हदसल लोग रात भर जाग जाग के पहरा देत बा. वनाधिकारी रुस्तम परवेज के कहना बा कि धोबहा गांव में ओकरा के पकड़े ला पिंजड़ा लगावल गइल बा.


ट्रक से कचरा के एगो औरत के मौत
सासाराम 01 जून (वार्ता). बिहार में रोहतास जिला के अगरेर इलाका के बाराडीह बाजार का नियरा एगो ट्रक से कचरा के करहगर थाना के बभनी गांव के रहे वाली प्रीति कुमारी (22) के मौत हो गइल. दुर्घटना का बाद ट्रक चालक ट्रक छोड़के भाग निकलल.


संतकबीरनगर में एगो नवही के गरदन रेत के हत्या
संतकबीरनगर 01 जून (वार्ता) उत्तर प्रदेश में संतकबीरनगर जिला के महुली इलाका के अम्मादेई अउऱ अमेदवा गांव का बीचे सिवान में एगो नवही के लाश मिलल बा. ओकर गरदन रेत के कइल हत्या का बाद लाश नहर किनारे फेंकल गइल रहुवे. मरे वाला के पहचाल गागरगाड़ धनघटा के अश्वनी चौधरी (25) के रूप मे भइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up