भोजपुरी में पहिला बेर गज़ल एलबम

by | Jun 4, 2013 | 3 comments

tasveer-zindgi-keभोजपुरी गीत-गवनई के शौकीनन ला मुम्बई से एगो नीमन खबर आइल बा. भोजपुरी में पहिला बेर एगो गज़ल के सीडी टी-सीरीज ‘तस्वीर जिंदगी के’ नाम से जारी कइले बा. मनोज भावुक के लिखल गज़ल के आवाज दिहले बाड़न सरोज सुमन. सरोज सुमन के लोग एगो बढ़िया म्यूजिक डायरेक्टर का तरह जानेला. ऊ एहसे पहिले अनेके हिंदी गज़ल गा चुकल बाड़ें. टी-सीरीजे से रिलीज साईं भजन बहुते लोकप्रिय भइल बा.

अपना एह एलबम क बारे में बतियावत ग़ज़ल गायक सरोज सुमन, जे प्रतिभा-जननी सेवा संस्थान के सांस्कृतिक सचिवो हउवन, के कहना बा कि ऊ देश के हर स्तर पर स्वस्थ बनावल चाहत बाड़ें आ एह ला स्वस्थ मनोरंजनो बहुते जरूरी ह. एही के ध्यान में राखत एह एलबम के बनावे के फैसला कइलन.

मनोज भावुक के एह गज़लन के ऑडियो फार्म में लावे के कॉन्सेप्ट प्रतिभा-जननी सेवा संस्थान के चेयरमैन मनोज सिंह राजपूत के रहल. भोजपुरी संगीत बाजार जाने वालन के कहना बा कि एह एलबम के संगीत जतना दमदार बा ओतना त भोजपुरी फिलोमनो के ना होखे.

एह बारे में अधिका जाने ला आशुतोष कुमार सिंह, नेशनल को-आर्डिनेटर से उनका मोबाइल न॰ 081081100151, आ 9987904006 पर संपर्क साधल जा सकेला.


(आशुतोष कुमार सिंह)

Loading

3 Comments

  1. neeman

    SABSE BADHIYA PRAYAS.
    BAHUT BAHUT BADHAAEE.

  2. amritanshuom

    बहुत -बहुत बधाई .

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up