मनोज तिवारी खली के बोलवले भोजपुरी फिल्म में भूमिका करे

by | Nov 7, 2011

खली के नीमन लागल बनारसी मिठाई

भोजपुरी फिलिमन के मेगा स्टार आ गायक मनोज तिवारी दुनिया भर में मशहूर मुक्केबाज द ग्रेट खली के भोजपुरी फिल्म में भूमिका करे के नेवता दिहले. पिछला दिने मनोज तिवारी ग्रेट खली का गांव घिरौना (हिमाचल प्रदेश) गइल रहले. ‘बिग बॉस-4’ का दौरान मनोज तिवारी आ खली में दोस्ती भइल रहे आ तबो मनोज तिवारी उनुका के अभिनेता बने के कहले रहले.बाकिर ‘बिग बॉस’ से बाहर भइला का बाद खली अमेरिका चल गइल रहले.

20 अक्टूबर के वापिस लवटला पर खली अपना गांवे एगो धार्मिक अनुष्ठान में शामिल होखे के मनोज तिवारी के नेवता दिहले आ मनोज तिवारी बनारसी मिठाई लिहले खली के गांव पहुंचले. ओहिजा मनोज तिवारी जागरण में भक्ति गीतो गवले. खली से नजदीकियन का बारे में बतियावत मनोज तिवारी कहले कि हमनी दुनु आदमी गाँव से उठ के ऊपर आइल बानी आ बहुते कड़ा मेहनत का बाद सफलता हाथे मिलल बा. कहलन कि दुनिया में प्रसिद्धि का बावजूद खली एकदम शांत बनल रहेले. मनोज तिवारी खली के अपना गाँवे आवहूं के नेवता दिहले बाड़े.

खली फिलिम में अभिनय का बारे में त कुछ ना कहले बाकिर मनोज तिवारी का गाँवे कबो मौका निकाल के जरूर जइहें. हो सकेला कि मनोज तिवारी जवन क्रिकेट मंदिर बनवावत बाड़न ओकरा उद्घाटन खातिर खली आवसु. मुक्केबाजी संघ से जुड़ला का बाद खली अपना गांव में 10 साल बाद दीपावली मनवले.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up