मुस्लिम तुष्टीकरण आ हिन्दू विरोध के राजनीति करत बिया कांग्रेस

by | Jul 12, 2018 | 0 comments


नयी दिल्ली 12 जुलाई (वार्ता). भाजपा कांग्रेस के सांसद आ ओकरा शासन में केन्द्रीय मंत्री रहल शशि थरूर के ओह बयान पर जवना में देश के ‘हिन्दू पाकिस्तान’ बने के बात कहल गइल बा, आपन तिताह टिप्पणी करत कहले बिया कि कांग्रेस फेर भारत आ भारत के लोकतंत्र के बदनाम करे आ हिन्दुअन के विरोध करे के राजनीति पर लवटि आइल बिया जेहसे ओकर तुष्टीकरण वाली राजनीति के शह मिलो.
भाजपा प्रवक्ता डॉ. संबित पात्रा आजु मीडिया से कहलन कि कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी के काल्हु मुस्लिम बुद्धिजीवियन से भेट-घाट भइला का तुरते बाद आइल शशि थरूर के बयान से साबित हो गइल कि कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी अब मंदिर भ्रमण आ जनेऊधारी होखला के फैंसी ड्रेस प्रतियोगिता से बाहर आ गइल बाड़न आ कांग्रेस तुष्टीकरण के राजनीति बिना ओही तरह ना जी सके जइसे बिन पानी के मछरी.
मीडिया रिपोर्टन के हवाला देत पात्रा कहलन कि एह खबरन में बतावल गइल बी कि राहुल गांधी मुस्लिम बुद्धिजीवियन से अपना मंदिर भ्रमण के राजनीति कइला पर माफी मंगले आ तुष्टीकरण के राजनीति पर लौटे के फैसला कइले बाड़न.
डॉ. पात्रा कहलन कि आज के सबले खास खबर ई आइल बा कि भारत के अर्थव्यवस्था फ्रांस के पछाड़त दुनिया के छठवीं सबले बड़ अर्थव्यवस्था हो गइल बा बाकिर प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ भाजपा से नफरत करत कांग्रेस अब देशे से आ हिन्दुवनो से नफरत करे लागल बिया.
पहिले हिन्दू आतंकवाद के शब्द गढ़े वाली कांग्रेस आजु ‘हिन्दू पाकिस्तान’ के नया शब्द उछलले बिया आ बेर बेर हिन्दुवन पर आक्रमण करत बिया.
कहलन कि कांग्रेस के नेता भारत के संविधान तूड़ल जाए के अनेसा जतावत बाड़न जबकि कांग्रेस खुद आपातकाल लगा के दू बरीस ले संविधान के निलंबित करके रखले रहुवे आ कांग्रेसे का राज में राज्यन के 88 गो निर्वाचित सरकारन के बरखास्त कइल गइल रहुवे,
डॉ. पात्रा इहो कहलन कि कांग्रेस का तरफ से बेर बेर बयान दे के कहल जाला कि दिग्विजय सिंह, मणिशंकर अय्यर, गुलाम नबी आज़ाद अउर सैफुद्दीन सोज़ के बयान ओह लोग के आपन बयान होला आ कांग्रेस के ओह बयानन से कवनो मतलब ना रहे. त का एकर माने ऊ समुझल जाव कि कांग्रेस के मतलब सिर्फ सोनिया आ राहुले गांधी होलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up