मोदिए बनीहें पीएम, क दिहलन दावा

by | Jun 7, 2024 | 0 comments

(राजग सरकार के त्रिदेव – पता ना के ब्रह्मा, के विष्णु आ के शिव के किरदार निभाई)

आजु राजग के संसदीय दल के बइठक में एक राय से नेता चुनइला का बाद नरेन्द्र मोदी राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मु से मिल के केन्द्र में सरकार बनावे के आपन दावा पेश क दिहलन. उनुका साथे भाजपा, तेलुगु देशम पार्टी, जनता दल (यू) आ गठबंधन के अउरिओ गोलन के नेता रहलन.

अब हो सकेला कि कुछ देर बाद राष्ट्रपति किहां से मोदी के नेवता मिल जाव सरकार बनावे खातिर. उमेद कइल जा रहल बा कि किरिया धराई समारोह अतवार का साँझ बेरा होखी. आ आजादी के बाद दुसरका बेर होखी जब कवनो पीएम आपन दू गो कार्यकाल पूरा कइला का बाद तिसरको बेर पीएम पद के किरिया धरे. पहिला बेर ई मौका जवाहर लाल नेहरू के मिलल रहुवे.

राजग के संसदीय दल के बइठक में राजग में शामिल गोलन के नेतन में हाराबाजी जइसन लागल रहुवे कि के मोदी के कतना प्रशंसा कर लेत बा. सभे मोदी के दस बरीस के शासन का दौरान देश में भइल विकास आ दुनिया में भारत के बढ़ल सम्मान के चरचा करत कहलसि कि उहे सबले सही नेता हउवें जे देश के विकास आ जन कल्याण का राह पर ठीक से ले जा सके. अपना संबोधन में मोदी कहलन कि जवना गोल के पन्द्रह बरीस में तीन गो लोकसभा चुनावन में मिलल कुल सीट से बेसी अबकी भाजपा जितले बिया उहो गोल थपड़ी पीटल रहल कि मोदी त गइलन. रेघरिया दिहलन कि मोदी ना त हारल बाड़न, ना हरिहें. ऊ त 2029 के लोकसभा चुनावो के तइयारी शुरु कर देबे के बात क दीहलन.

दोसरा तरफ भोज में बइठल आदमी का सोझा से पत्तल खींचा गइला का बाद जइसन ओकरा जइसन बुझाला वइसने बीत रहल बा इंडी के गोलन पर. दस बरीस त जइसे तइसे काट लीहलन आ अबकी उमेद रहल कि सरकार में आइए जइहें बाकिर उपवास पांच बरीस अउर बढ़ गइल, कइसे कटिहें ऊ सब ई पांच साल. हो सकेला कि कुछेक महीना एह उमेद में जी लेसु कि राजग अब टूटल, बस अब टूटहीं के बा.

एह बइठक में तेलुगु देशम पार्टी के नेता एन चंद्रबाबू नायडू आ जनता दल यूनाइटेड के नेता अउर बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अपना अपना संबोधन में मोदी केेेेे पूरा समर्थन करत विश्वास जतवलें कि राजग सरकार राष्ट्रीय आ क्षेत्रीय आकांक्षा का बीचे समुचित संतुलन बनावत देश के विकास का राह पर बहुत आगे ले ले जाई.

पलटू चाचा का नाम से मशहूर नीतीश कुमार प्रधानमंत्री मोदी के बड़ाई में जइसन आ जतना कुछ बोललन ओकर चरचा बहुते दिन ले होखत रही. ठेंठ भासा में कहल जाव त चमचई के हर सीमा पार क गइलन नीतीश बाबू. ओने तेलुगू देशम के नेता चन्द्र बाबू नायडू के कहना रहल कि चालीस बरीस से अधिका से राजनीति में बहुते नेता देखलन, ओह लोग से मिललन बाकिर मोदी जइसन केहू ना मिलल. उमेद बा कि लोगो भुला गइल होखी कि एही मोदी के कवन कवन विशेषण दिहले रहलन नायडू.

उमेद कइल जाव कि ई सरकार ओही ठसक से चला ले जइहें नरेन्द्र मोदी जइसे दस बरीस से चलावत आइल बाड़न. बाकिर उमेद अइसनो नइखे राखे कि मोदी के तिसरको सरकार का दौरान राहुल के नागरिकता, आ सोनिया परिवार के कइल नेशनल हेराल्ड घोटाला के मसला सलट जाई. उमेद इहो नइखे राखे कि समान नागरिक संहिता आ राष्ट्रीय नागरिकता पंजी लागू हो जाई. उमेद बस अतने राखल जाव कि ई सरकार आपन कार्यकाल पूरा कर ले जाई आ कबो अइसन ना लागी कि कुरसी खातिर मोदी आपन सम्मान आ सुभाव तज दीहलन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up