राजकुमार पाण्डेय के अग्निसाक्षी के ट्रेलर रिलीज हो गइल

by | Jun 8, 2024 | 0 comments


आग सिरिफ जरइबे ना करे, पेटो के आग बुतावेले, सात जनम त का सात जन्मांतरो के रिश्ता बना देले. इहे कहत भोजपुरी फिलिम ‘अग्निसाक्षी’ के निर्माता राजकुमार पाण्डेय के कहना बा कि बहुते बड़हन आ भव्य कैनवास पर बनल हमार ई फिलिम आपन संस्कृति अउर संस्कारन के संजोवले एक हाई वोल्टेज वाला ड्रामाटिकल फ़िलिम बावे जवन रउरा सभे के दिल से पसन्द आ जाई.

राजकुमार पाण्डेय बतवले बाड़न कि एह फिलिम के अपना खूबसूरत अभिनय से सजावे वाला कलाकारन में सुपरस्टार प्रदीप पांडेय “चिंटू”, भोजपुरी क्वीन अक्षरा सिंह, बेहतरीन अभिनेत्री तनु श्री, न्यू लॉन्चिंग राज सिंह राजपूत,आकाश यादव, विपिन सिंह, ग्लोरी महानता, मनोज द्विवेदी, लाखन भारद्वाज पंडित, उदय श्रीवास्तव, प्रिया पांडेय, के के गोस्वामी, शकीला मजीद, मंटू लाल, सुमित सिंह “श्रीनेत्रा”अजीत मंडल, राहुल मिश्रा, ओम साव, जे नीलम अउर सुपर टैलेंटेड एक्टर संजय पांडेय शामिल बाड़न.

निर्माता,निर्देशक, गीतकार आ संगीतकार राजकुमार आर पांडेय के फिलिम ‘अग्निसाक्षी’ के कैमरामैन देवेंद्र तिवारी, कोरियोग्राफर कानू मुखर्जी आ मनोज गुप्ता, एक्शन मास्टर प्रदीप खड़का, आर्ट निर्दशक शेरा, प्रोडक्शन हेड महेश उपाध्याय, प्रोडक्शन कंट्रोलर आशीष दुबे, प्रोडक्शन मैनेजर मुकेश तिवारी, पार्श्व संगीत राजेश प्रसाद के, छायांकन संतोष हारावाड़े के, साउण्ड मिक्स अउर मास्टरिंग अविनाश सिंह के, डी आई रोहित सिंह (युग मोशन पिक्चर), वि एफ़ एक्स आकाश सिंह, आ सहायक निर्देशक अजय सिवान, सोनू सिंह, अउर राजन सोनी रहलन.

राजकुमार पाण्डेय के निहोरा बा कि रउरा सभे आपन प्यार अउर आशीर्वाद हमेशा अइसने बनवले राखीं.

जाने जोग बा कि एह फिलिम ‘अग्निसाक्षी’ के पहिलका लुक पोस्टर कांस इंटरनेशनल फिल्म फेस्टिवल 2024 में लाँच कइल गइल रहुवे. अब एकर ट्रेलर देसी धुन यूट्यूब चैनल पर रिलीज क दीहल गइल बा. प्रदीप पांडेय चिंटू के जबरदस्त एक्शन आ इमोशनल ड्रामा के ट्रेलर रउरो सभे देखीं –

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up