रामरक्षा मिश्र के वीडियो अलबम ” बनेली नादान”

by | Sep 19, 2010 | 2 comments

एहमें कवनो संदेह नइखे कि महुआ चैनल आदि का अइला आ भोजपुरी के कई गो बेबसाइट खुल गइला से भोजपुरी के क्रेज में एगो बड़हन इजाफा भइल बा. पुरान-पुरान आ स्तरीय गीतन के खोजे आ प्रस्तुत करे के चाहो जागल बा गायकन में. बाकिर ई शौक के रूप में नइखे. एकाध गो चैनल पर कबो-कबो लउक जा ता. आजो कैसेट कंपनियन के सोच में कवनो बदलाव नइखे आइल. अश्लील गीतन के बाढ़ आजुओ थमल नइखे. व्यावसायिक मजबूरी कहिके आजुओ एह मुद्दा के टाल दिहल जा ता. उत्तेजक गीतन आ पॉप म्यूजिक से भोजपुरी लोकगीत के चेहरा बिद्रूप हो गइल बा.


अइसना में शुभम इंटरटेनमेंट का ओर से जारी रामरक्षा मिश्र के वीडियो अलबम ” बनेली नादान” जेठ के झुराइल ओठ खातिर दू बून पानी नियन लागल. एह अलबम के सभे गीत पारिवारिक परिवेश में सुने लाएक बा. लइका, बूढ़ भा जवान – हर वर्ग के लायक गीत आ म्यूजिक एहमें उपलब्ध बा. कुछ पारंपरिक धुनन के आधुनिक चासनी में लपेट के प्रस्तुत करे के गायक के खास अंदाज काबिले तारीफ बा. अलबम के आखिरी गीत ” खेलवाड़ी बलमा” पूरबी के क्षेत्र में सर्वथा एगो नया आ खूबसूरत प्रयोग बा. ” बनेली नादान” में श्रृंगार रस आ नायिका के सौंदर्य वर्णन से परहेज नइखे कइल गइल बलुक शालीनता से आ प्यार से प्रस्तुत कइल गइल बा गीतन के. ” बेटी प्यार के कहानी होली” गीत सुनला का बाद त सभकर आँखि लोरा जइहें सन – पक्का बा. वात्सल्य के एतना बढ़िया उदाहरण भोजपुरी गायकी में कम उपलब्ध बा.

रामरक्षा मिश्र के नाम भोजपुरी गायकी खातिर अनजान नइखे. इहाँके अब तक चार गो अलबम बाजार में आ चुकल बा. इहाँ का आवाज के मधुरता आ प्लेबैक सिंगर नियन गायकी खातिर जानल जाईंले. इहाँके मानना बा कि अश्लील गायकी गायकन के
मजबूरी नइखे, बलुक ऊहन लोग के गायकी के सीमा बा. ओह लोगन के अपना गायकी प खुदे बिश्वास नइखे. रउरा पास गायकी के मौलिक अंदाज होखी आ सुर में ताकत त रउरा के संगीत के आकाश में छा जाए से केहू रोकि ना पाई. हँ,एकरो खातिर कैसेट कंपनियनो के आगे आवेके परी, तबे परिवर्तन व्यापक पैमाना पर लउकी. एह अलबम में ” धइले डँड़ारी चलि अइह ससुरारी” आ ” खेलवाड़ी बलमा” उहाँके सभसे पसंदीदा गीत बा.

बिश्वास कइल जाएके चाहीं कि एह अलबम के भोजपुरी श्रोता लोग खूब आदर करी आ ई खूब लोकप्रिय होई.


(स्रोत : सीमा)

Loading

2 Comments

  1. रामरक्षा मिश्र विमल

    धन्यवाद अमृतांशु भाई.
    नमस्कार.
    हमरा अल्बम के गीतन के सुनके भी टिप्पणी दिहतीं त अउरी खुशी होइत.
    राउर आपने
    रामरक्षा मिश्र विमल

  2. omprakash amritanshu

    बहुत -बहुत बधाई मिश्रा जी .सबसे पाहिले राउर संगीतमय आत्मा के हमार बारम्बार प्रणाम बा .बहुत ख़ुशी भइल राउर एलबम के बारे में अंजोरिया पे जानके.

    गीतकार
    ओ.पी.अमृतांशु

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up