राष्ट्रपति भवन में बाघ

by | Jun 10, 2024 | 0 comments

भल मुअनी, भल पिलुआ पड़ल

अबहीं लोकसभा चुनाव के गरदा बइठबो ना कइल तबले चुनाव आयोग एलान कर दिहलसि विधानसभा उपचुनावन के. देश के सात गो राज्यन में खाली पड़ल 13 गो विधआनसभा सीटन पर उपचुनाव के तारीख के एलान कर दिहलसि. एह सीटन में अबहीं ऊ सीट शामिल नइखीं सॅ जवन लोकसभा खातिर चुनाइल विधायकन के इस्तीफा से खाली होखी. आपन देश एही चलते हमेशा चुनावी मूड मे
रहेला. आ इहे सब से निपटे खातिर एक देश एक चुनाव के बात मोदी सरकार करत बिया. एक देश एक चुनाव कवनो नया ना ह एह देश खातिर. देश के बँटवारा करा के पीएम पद के पुरस्कार पवले जवाहर लाल का समय अइसने होत रहल. ऊ त बाद में जब जवाहर लाल के बेटी इन्दिरा गाँधी पीएम बनली त राज्यन में राष्ट्रपति शासन लगावे के अपना शौक का चलते ऊ अइसन परम्परा चला दिहली जवना का बाद कबो एह राज्य में त कबो ओह राज्य में चुनाव करावल जाए लागल. बाद में त जब कांग्रेसी सरकार के कारनामा का चलते विपक्षी उभार आइल तवना का बाद से लोकोसभा चुनाव जब तब होखे लागल आ सगरी व्यवस्था गड़बड़ा गइल.

हाल के लोकसभा चुनाव का बाद मोदी तिसरका बेर सरकार त बना लिहलन बाकिर अबहीं मंत्रियन के विभाग नइखे बँटा सकल. लोकसभा स्पीकरो का बारे में अबहीं साफ नइखे कि स्पीकर कवना गोल से बनावल जइहें. भाजपा ई पद छोड़े के तइयार नइखे आ तेदेपा आ जदयू दुनू एह पर आपन आँख गड़ा के बइठल बाड़ें.

अबहीं त इहो पूरा साफ नइखे हो सकल कि काल्हु जब मंत्रीमंडल के किरियाधराई समारोह चलत रहुवे तवना घरी राष्ट्रपति भवन में शान से टहलत ऊ बाघ कइसे आइल. चारो तरफ सुरक्षा के अभेद्य कहाए वाला व्यवस्था का बादो ई हो सकेला, बड़हन अचरज के बात बा. गनीमत इहे रहल कि ऊ बाघ मंच का तरफ ना आइल. ना त ऊ भगदड़ मचीत कि देखे लायक हालात हो जाइत. गनीमत इहो बा कि अबहीं ले कवनो भक्त अइसन एलान नइखे कइले कि माँ दुर्गा हालात के अवलोकन करे आइल रही. उनुका के त देखल ना जा सकत रहुवे बाकिर उनुकर वाहन के अदृश्य होखे के आशीर्वाद ना रहला का चलते सभे देख लीहल. रउरो देख लीं –

हँ त जवना उपचुनाव के बात से बात शुरु भइल ओकरे पर कवटल जाव. हिमाचल प्रदेश क डेहरा, हमीरपुर अउर नालागढ़, पंजाब के जालंधर पश्चिम (अजा), बिहार के रुपौली, पश्चिम बंगाल के रायगंज , रानाघाट(अजा), बगदा (अजा) आ माणिकतला, मध्य प्रदेश के अमरवाड़ा (अजजा) , उत्तराखंड के बद्रीनाथ आ मंगलौर अउर तमिलनाडु के विक्रवांडी सीट पर ई उपचुनाव करावल जइहें सँ. नामांकन पत्र 21 जून ले दाखिल करावल जा सकी. ओकर जांच 24 जून के हो जाई आ वापसी के आखिरी तिथि 26 जून होखी. एकरा बाद अगर जरुरी भइल, होखहीं के बा, त मतदान 10 जुलाई के आ मतगणना 13 जुलाई के करावल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up