रियो लिहलन नागालैंड के मुख्यमंत्री पद के किरिया

by | Mar 8, 2018 | 0 comments

कोलकाता 08 मार्च (वार्ता). नागालैंड में नेशनल डेमोक्रेटिक पीपल्स पार्टी (एनडीपीपी) के प्रमुख नेफ्यू रियो आजु नागालैंड के मुख्यमंत्री पद के किरिया लिहलन. उनकर गोल के भारतीय जनता पार्टी गोल से गठबंधन साझेदारी बा.

नागालैंड की राजधानी कोहिमा में आयोजित नेफ्यू रियो के किरिया धराई समारोह में भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह, रक्षा मंत्री निर्मला सीतारमण, आ केंद्रीय गृह राज्य मंत्री किरेण रिजिजू मौजूद रहलें. भाजपा के वाई पेट्टन के राज्य के उप मुख्यमंत्री पद के किरिया धरावल गइल. साथ ही 10 गो मंत्रियों लोग पद आ गोपनीयता के किरिया लीहल. मेघालय के नवका मुख्यमंत्री कोनराड संगमा के अलावा असम, अरुणाचल प्रदेश, अउर मणिपुर के मुख्यमंत्रियो लोग एह समारोह में हाजिर रहल.

नेफ्यू रियो चउथा बेर राज्य के मुख्यमंत्री बनल बाड़ें. एहसे पहिले ऊ साल 2003 से 2014 का बीच लगातार तीन बेर राज्य के मुख्यमंत्री रह चुकल बाड़ें.

नागालैंड विधानसभा चुनाव में भाजपा आ एनडीपीपी मिलके 29 गो सीट जीतले रहलें. चुनाव परिणामन के एलान पिछलके हप्ता भइल रहुवे.

एकरा से पहिले टीआर जेलियांग मंगल का दिने नागालैंड के मुख्यमंत्री पद से इस्तीफा दिहले. अबकी का विधानसभा चुनाव में जेलियांग के नागा पीपल्स फ्रंट के कुल 60 गो विधानसभा सीटन में से 26 सीट पर जीत मिलल रहुवे आ सबसे बड़ दल उनुके रहल.

मौजूदा सरकार के भाजपा-एनडीपी गठबंधन के जनता दल यूनाइटेड के एगो आ एगो निर्दलीय समेत कुल 30 गो विधायकन के समर्थन हासिल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up