रिलीज़ खातिर तइयार “प्यार के बंधन ना टूटे मितवा”

by | Oct 2, 2011

एम्.डी.वी.मोशन पिक्चर्स के पहिलका पेशकश “प्यार के बंधन ना टूटे मितवा” रिलीज़ खातिर तइयार हो गइल बा. निर्माता प्रवीण कुमार आ निर्देशक महमूद आलम के एह फिल्म के पोस्ट-प्रोडक्शन के सगरी काम पूरा हो गइल बा. एही फिल्म का साथे एम्.डी.वी. डिस्ट्रीब्युशनो का मैदान में उतरत बा.

फिल्म के तीन चरण में रिलीज़ करे के योजना बनावल गइल बा. पहिले उत्तर प्रदेश, फेर बिहार, आ आखिर में एकरा के पंजाब, दिल्ली आ मुंबई में प्रदर्शित कइल जाई.

संजीव राजपूत आ मनोज टाइगर के मुख्य भूमिका वाली एह फिल्म में निशी शालिनी, आराधना सिंह,किरण यादव, दिलीप सिंह, पूनम सिंह, राजेंद्र त्रिपाठी, कादिर शेख आ निखिल पाण्डेय उर्फ़ भोकाल सिंह मौजूद बाड़े. म्युज़िक दिहले बाड़न राजेश गुप्ता आ गीत लिखले बाड़न श्याम देहाती, जाहिद अख्तर आ एस.के.स्नेहिल.


(स्रोत : स्पेस क्रिएटिव मीडिया)

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up