लड़िकन खातिर आर्मी के सबले बढ़िया करियर बतवलन सेना प्रमुख वीके सिंह

by | Apr 18, 2012 | 0 comments

उदयपुर के महाराणा मेवाड़ विद्या मंदिर के सालाना पुरस्कार वितरण समारोह में स्कूल के विद्यार्थियन के संबोधित करत भारत के थल सेना प्रमुख जनरल वीके सिंह लड़िकन के सेना में शामिल होखे के प्रेरणा दिहले. स्कूल प्रबंधन के बधाई देत सेना प्रमुख कहलन कि ‘मैनेजमेंट अपना स्कूल के विद्यार्थियन के समहर विकास खातिर जइसन शैक्षणिक कार्यक्रम बनवले बा वइसन माहौले मे तइयार लड़िकन खातिर सेना एगो शानदार कैरियर होखी.’

जनरल वीके सिंह कार्यक्रम के मुख्य अतिथि रहलन. कार्यक्रम के शुरूआत में माता सरस्वती आ विनायक गणेश के प्रतिमा पर माल्यार्पण करत घरी श्रीजी महाराज अरविन्द सिंह मेवाड़, महारानी साहिबा विजया राजकुमारी मेवाड़, महाराज कुमार लक्ष्यराज सिंह मेवाड़ आ स्कूल के प्रिंसिपल संजय दत्त मौजूद रहनीं.

स्कूल के विद्यार्थी सेना प्रमुख के स्वागत में गणेश वंदना प्रस्तुत कइले एकरा बाद इंस्ट्रूमेंटल संगीत, हम करें राष्ट्र आराधन गान. वगैरह अनेके देशभक्ति वाला कार्यक्रम पेश कइलन. आ सेना प्रमुख योग्य विद्यार्थियन के पुरस्कृत कइलें.

कार्यक्रम के समापन राष्ट्रगान क साथे भइल.


(स्रोत – एच.एस.कम्युनिकेशन)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up