शहजादा गुफा खोजत बाड़न साधना करे खातिर

by | Jun 2, 2024 | 0 comments

कबो कांग्रेस में रहल आ प्रियंका वाड्रा के राजनीतिक सलाहकार रहल आचार्य प्रमोद कृष्णम अपना एक्स खाता पर एक्सप्रेशन डलले बाड़न कि 4 जून के सॅझिया शहजादो साधना करे खातिर निकल जइहें. बस गुफा खोजत बाड़न ओकरा खातिर.

पहिले त सोचनी कि भउजी से पूछ के देखीं कि आचार्य जी कवना गुफा आ कवना साधना के बात करत बाड़न. बाकिर फेर सोचनी कि आम भोजपुरियन के दिक्कत ना होखी ई समुझे में. आखिर अबहींं ले होखते आइल बा कि हर चुनाव का बाद बबुआ थाई लैण्ड निकलिए जात रहलन.

सोचे वाला सोचत बाड़े कि अबकी कवना उमीद से बबुआ टिकल बाड़ें हिन्दुस्ताने में. त एकर जवाब बा कि उनुका पूृा भरोसा बा कि 4 जून के उनुका गोलबन्दी के 295 गो सीट मिले जा रहल बा आ मन ही मन गाजत बाड़न सरकार बनावे के सपना देखत.

नीचे उनुके एक्स खाता पर डालल एगो एक्सप्रेशन रउरो देख लीं जवना में खरगे साहब कहत बाड़न कि इंडी के 295 गो सीट मिलहीं जा रहल बा, एक्जिट पोल कुछऊ कहे.

राहुल से जब कुछ पत्रकार काल्हु आइल एक्जिट पोल का बारे में उनुकर राय जानल चहलें त छनछनाइल राहुल गांधी एक्जिट पोल को ‘मोदी मीडिया पोलकोरी’ बता दिहलन. आ फेरु दोसरा सवाल पर कहलन कि चार जून का दिने इंडी अलायंस के 295 सीट मिले जा रहल बा. राहुल कहलन कि, “इसका नाम एग्ज़िट पोल नहीं मोदी मीडिया पोल है. ये मोदी जी का पोल है. ये फंतासी अटकलें हैं. सिद्धू मूसेवाला का गाना सुना है आपने, 295, हम 295 सीट जीत रहे हैं।”

बधाई होखो. कम से कम 4 जून ले त कांग्रेसी सरकार बने के सपना देखला पर कवनो रोक त लगावल ना जा सके.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up