सरकार बनावे के तइयारी में लागल कांग्रेस एक्जिट पोल बहस में शामिल ना होखी

by | May 31, 2024 | 0 comments

आजु शुक का दिने देश के शेयर बाजार आपन रुझान बता दिहलसि कि मोदी सरकार तिसरको बार. सात डेग में हो रहल चुनाव के सतवां डेग काल्हु देश के 57 लोकसभा सीट पर होखे वाला चुनाव का बाद पूरा हो जाई. आ एकरा साथही खतम हो जाई टीवी चैनलन पर होखे वाला एक्जिट पोल पर लगावल रोक. काल्हु साँझ सात बजे से, कुछ पर त साढ़े छवे बजे से, कुकुरबझाँव शुरु हो जाई. अलग अलग सर्वे एजेन्सियन के कइल एक्जिट पोल के आंकड़ा देखावे बतावे के कोशिश करी कि जेठ के बड़का मंगल 4 जून का दिने मतगणना में बाजी केकरा हाथे लागे जा रहल बा. अलग बात बा कि एह परिणामन के विश्वसनीयता ओकरा ले बेसी नइखे होखे जा रहल जवन आजु शुक का दिने शेयर बाजार अपना रुझान में बता दिहलसि.

आजु शेयर बाजार में निवेशक अपना-अपना रुख का हिसाब से आपन पोजीशन बनावल शुरु कर दिहलन. शनिचर का दिने आवे वाला एक्जिट पोल से इशारा मिली कि उनुकर अनुमान कतना सही भा गलत हो सकेला. आ ओकरा बाद सोमार का दिने शेयर बाजार में असली उठापटक शुरु होखी.

एह बीच कांग्रेस चुनाव का बाद आपन सरकार बनावे के सपना देखे में अतना मशगूल बिया कि बता दिहलसि कि ओकर कवनो बोलतुआ कवनो टीवी चैनल का बहस में शामिल ना होखिहें. जइसे पढ़ाकू विद्यार्थी के तब ले डर बनल रहेला जब ले रिजल्ट ना निकल जाव काहे कि ओकरा हमेशा लागेला कि ओकर तइयारी ओतना बढ़िया ना रहुवे. दोसरा तरफ पढ़ाई के भसुर छात्र होलें जिनका लागेला कि उनुका सब कुछ मालूम बा आ उनुका त फर्स्ट आवहीं के बा. कांग्रेस के अपना जीत पर अतना भरोसा बा कि सोशल मीडिया पर ओकरा मंत्रीमंडल के सूची पर चरचा होखे लागल बा. एही चलते अबहीं ले राहुल गाँधी के बैंकाक यात्रा के जानकारी सोझा नइखे आइल.

एह बीच रउरो लागल होखी कि जबले कांग्रेसी प्रचारतंत्र सक्रिय बा तबले भाजपा के कवनो जरुरते नइखे कि ऊ आपन प्रचार करो. ओकर सबले बेसी प्रचार त कांग्रेसिए कइले जात बाड़ें. मोदी के साधना पर जाए वाला खबर ओतना प्रचार में ना आइत अगर कांग्रेस अपना पूरा ताकत से ओकर प्रचार ना कइले रहीत.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up