सुकन्या वाली कहानी दोहरावल जाई का

by | May 6, 2024 | 0 comments

(Photo source : https://zeenews.india.com/lok-sabha-general-elections-2019/grandson-revanna-offers-to-quit-wants-hd-deve-gowda-to-re-contest-from-hassan-2206025.html)

कई बरीस पहिले यूपी के अमेठी में एगो सुकन्या कांड भइल रहल. अधिका संभावना बा कि रउरो ओह कांट का बारे में कुण सुनलही होखब. अगर नइखी सुनले त पहिले एक बेर गूगल की लीं त पूरा कहानी समुझ में आ जाई.

टटका में खबर बा कर्नाटक के हासन से.

एह दुनू मामिला में बहुत कुछ एक जइसन बा त बहुत कुछ अलगा.

सुकन्या कांड में एगो पूर्व प्रधानमंत्री के पोता के नाम लीहल जात रहुवे त एह देवकन्या कांड में एगो दोसर पूर्व प्रधानमंत्री के पोता के नाम लीहल जा रहल बा. नयका कांड के नाम हम देवकन्या कांड कल्पना से लिखले बानी काहे कि बलात्कार भा सेक्सुअल मामिलात में महिला के असल नाम लीहल भा ओकर परिचय उजागर कइल गैरकानूनी होला.

दुनू कांड में नेते के गोल के महिला कार्यकर्ता के शोषण के मामिला में. आ दुनू कांड में ओह मामिला के अभागी महिला के परिवार गायब हो गइल भा गायब करा दीहल गइल. सुकन्या के नाम भा फोटो त सामने ना आइल रहल बाकिर अबकी के देवकन्या कांड में कई गो भुक्तभोगी महिलन के फोटो सार्वजनिक हो गइल बा.

सुकन्या कांड में कई लोग मिल के नोचले रहल त देवकन्या कांड में कई औरतन के एके आदमी के नोचे के खबर बा. तबके सोशल मीडिया अतना शक्तिशाली ना रहल जतना अब के बा. बाद में जब सुकन्या कांड अदालत में गइल तब अदालत में साबित कर दीहल गइल कि सगरी आरोप झूठे ना बेबुनियादो बा. तब मामिला के जाँच करे वाला पुलिस अधिकारी के पुरस्कृतो कइल गइल रहल.

अबकी के दैवकन्या कांड में खबर आवे लागल बा कि बहुते परिवारन में संकट आ गइल बा. जवना महिलन के परिचय सार्वजनिक हो गइल बा ओहनी के मरदे अब मुँह फेरे लागल बाड़े. आ जवन महिला शिकायत दर्ज करवलसि उहो पूरा परिवीर समेत गायब हो गइल बिया. जइसे कि सुकन्या के पूरा परिवार गायब हो गइल आ आजु ले ओकर थाह-पता ना मिलल. अबकियो के देवकन्या के परिवार के अता-पता सामने आ जाई एकर कवनो गारंटी नइखे.

अमेठी के सुकन्या मामिला ले के अदालत चहुँपावे वाला पर जुर्मानो लगावल गइल रहल आ धीरा दीहल गइल रहे कि फेरु दुबारा ओकर नाम जन लीह.

बाकिर अबकी ओह लोगन का खिलाफ का कार्रवाई होखी जवना लोगन का चलते भुक्तभोगी महिलन के पहचान उजागर हो गइल आ ओह बेचारियन के बाकी के जिनिगिओ के नरक बना दीहल गइल बा ? सवाल त इहो बा कि एहू मामिला के हश्र का सुकन्ये जइसन होखे वाला बा ? बाबा तुलसीदास कहिए गइल बानी के समरथ के नहीं दोष गुसाईं.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up