सुपरस्टॉर रवि किशन के पांच गो फिलिम प्रदर्शन ला तइयार

by | Feb 7, 2013 | 0 comments

ravi-kishanसिनेमा भोजपुरी के सुपरस्टॉर रवि किशन के पांच गो फिलिम बन के तइयार हो गइल बाड़ी सँ जवना के जल्दिए रिलीज कइल जाई. रवि किशन आजुकाल्ह अपना हिंदी फिल्म “बुलट राजा” के शूटिंग में लागल बाड़ें.

रविकिशन के आवे वाली भोजपुरी फिलिमन के नाम बा “प्रतिबंध”, “छपरा की प्रेम कहानी”, “प्रेम विद्रोही”, “धुरंधर”, आ “साली बड़ी सतावेली” समृद्धि फिल्मस के “प्रतिबंध” के डबिंग हो गइल बा. एकर निर्देशक हवें सुनिल सिन्हा आ रोमांस एक्शन से मनोरंजन से भरपूर एह फिलिम में नायिका बाड़ी बंगाली बाला मोनालिसा. फिलिम के कहानी बिहार नेपाल बोर्डर पर होखे वाला तस्करी पर बा.

प्रतिबंध के निर्माता राघवेंद्र सिंह, संजय सिंह, निर्देशक सुनिल सिंन्हा, लेखक ज्ञानेश श्रीवास्तव, गीतकार आर आर पंकज, पप्पू ओझा, विरेन्द्र पाण्डेय, संगीतकार मधुकर आनंद, छायाकंन करेवाला आर आर प्रींस, नृत्यगुरू कानू मुखर्जी आ संजय कोरबे, फाइटमास्टर आर पी यादव, अउर एडीटर गुरजंत सिह हउवें. परोसले बाड़न एस.ए.आर. फिल्मस के शमीम अहमद शेख.

मूख्य कलाकारन में रवि किशन, कुणाल सिंह, मोनालिसा, अवधेश मिश्रा, श्री कंकाणी, साहिबा, सीमा सिंह, अउर हितेन्द्र पंडित शामिल बाड़ें.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up