स्वाति मालीवाल का साथे खड़ा भइलन संजय सिंह

by | May 14, 2024 | 0 comments


काल्हु दिल्ली सीएम आवास में राज्यसभा सांसद स्वाति मालीवाल का साथे अरविन्द केजरीवाल के पीए के कइल मारपीट का मामिला पर करिब डेढ़ दिन का चुप्पी का बाद पहिला बेर आवाज आइल बा. आ आ पा के एगो अउर राज्यसभा सांसद संजय सिंह के बयान सामने आ गइल बा. पहिले ऊ का कहगलन से सुन लीं फेर ऊ जवन कहल चाहत रहलन तवन हम बताएब.

असल में खेल बहुत शातिराना तरीका से खेलल जा रहल बा. सोशल मीडिया पर जवन तरह तरह के कहानी आ रहल बा ओकरा से करीब करीब सभे परिचित हो चुकल होखी. जब जीजा साली के निकटता बहुते बढ़ जाव त बीबी के चौकन्ना होखल स्वाभाविक हो जाला. पहिले हमेशा बतावल जात रहुवे कि स्वाति सुनीता के बहिन लागेली. लागेली आ हई के फरक किताबी होला बाकिर लागेली वाला के असर बहुते दूर ले जाला. से मान लीं कि स्वाति अरविन्द केजरीवाल के साली जइसन रहली. आ एह दुनू लोग के नजदीकि से सुनीता परेशान रहली. कहे वाला कहते बाड़न कि स्वाति के महिला आयोग के अध्यक्ष पद से हटवावे में सुनीते के दबाव रहुवे. बाकिर स्वाति जतना कुछ अरविन्द खातिर कइले रही भा करत रही ओकरो त सिला देबे के रहल. से अरविन्द स्वाति के राज्यसभा के सांसद बना दिहलन. जबकि एकरा पहिले बहुते लोग राज्यसभा के सपना देखत देखत आ आ पा से बाहर हो गइल आ ओह लोग के बेंवत ना रहल कि आपन आपा खो सकसु.

अब कहल जा रहल बा कि अधिवक्ता अभिषेक मनु सिंहवी के एहसान तर अतना दबा गइल बाड़न कि उनुका के राज्यसभा भेज के ओह एहसान के सिला दीहल चाहत बाड़न. कहे वाला त इहो कहेलें कि राज्यसभा के बाकी सांसदी त ले-दे का तहत कइल गइल बा से ओहनी के त हटा ना सकिहें. बचलन संजय सिंह आ स्वाति मालीवाल. अरविन्द के लागल कि स्वाति के मना लिहें सांसदी छोड़े खातिर. अभिषेक मनु के सांसदो बनवा दीहन आ सुनीतो के शक के बेमारी मेटा दिहें. बाकिर स्वाति अड़ गइली. परिणाम भइल कि अरविन्द केजरीवाल के डर्टी डिपार्टमेन्ट सम्हारेे वाला उनुकर पीए आपा खो दीहलन आ स्वाति का संगे मारपीट कर दीहलन. हो सकेला के ओह मारपीट का दौरान कुछ बदसलुकियो पर हाथ साफ कर लिहले होखीहन. चीफ के फाइल भेजे से पहिले ओह पर पीए के नोटिंग त होखिहें के चाहीं !

अरविन्द केजरीवाल के जेल वापसी के तारीख त पक्का बा आ अबकी जवन हालात बा तवना में उनुका कुर्सी छोड़हीं के पड़ी. केजरी चाहत बाड़न कि सीएम सुनीता के बनवा देसु आ एहसे आ आ पा के बाकी नेतवन में क्षोभ होखल स्वाभाविक बा. आतिशी सौरभ गोपाल में त मोर्चा सम्हारे के ताकत नइखे बाकिर संजय सिंह एकरा के बरदाश्त नइखन कर पावत. से सकार लीहलन कि स्वाति का साथे सीएम आवास में मारपीट भइल आ अपना बयान से इहो जाहिर करा दीहलन कि केजरीवाल के धिरा दीहल गइल बा कि एह वाकया पर विभव का खिलाफ एक्शन लेसु ना त ठीक ना होखी.

बेचारा अरविन्द केजरीवाल के बुझात नइखे कि करसु त का ? उगिलत आन्हर निगलत कोढ़ी वाला हाल हो गइल बा. एह चलते आ आ पा में पसरल सन्नाटा टूटे के नाम नइखे लेत.

वइसे माने के पड़ी केजरी के ताकत. राजनीति के मैदान से मीडिया के पैनल ले आ लोअर कोर्ट से ले के सुप्रीम कोर्ट ले हर जगहा काजर के कजरौटे के चरचा बा. आ एह चरचा में हम इहो महटिया दिहनी कि आजु देश के तिसरका बेर पीएम बने जा रहल नरेन्द्र मोदी आजु वाराणसी से आपन परचा दाखिल कर दीहलन. आ जब मोदी के ई हाल बा त बबुआ के के पूछत बा !

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up